[the_ad_group id="30365"]

जदयू-भाजपा में जुबानी जंग तेज, एक-दूसरा खातिर भ्रष्ट, दगाबाज, उचक्का जइसन शब्द इस्तेमाल कs रहल बानें नेता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में पिछला महीना सत्तारूढ़ गठबंधन पलट के बाद जदयू अउर भाजपा नेता के बीच जबर्दस्त जुबानी जंग चल रहल बा। नेता पर तीखा हमला के संगही पार्टी के नाम के ले के भी वार-पलटवार चल रहल बा। जदयू संसदीय दल के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा भाजपा के मतलब ‘भष्ट्र जन पार्टी’ बतावत आरोप लगवले बाड़ें। उहवें, भाजपा नेता अरविंद कुमार सिंह जेडीयू का मतलब ‘जालसाज, दगाबाज, उचक्का’ पार्टी बतवलें।

कुशवहा प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पs निशाना सधलें। उ नाम ले के आरोप लगवलें कि भाजपा में शामिल होखला के बाद कई नेता के भ्रष्टाचार के मामला बंद हो गइल। कुशवाह एह सिलसिला में महाराष्ट्र भाजपा के नेता अउरी केंद्रीय मंत्री नारायण राणे के उदाहरण दिहलें। राणे कथित तौर पर महाराष्ट्र के आदर्श हाउसिंग सोसाइटी घोटाला में शामिल रहलें।

जदयू नेता कुशवाह एकरे बाद असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा सरमा के नाम लिहलें। जेपर भाजपा कथित तौर पर राज्य के पीडब्ल्यूडी घोटाला में शामिल होखले के आरोप लगवले रहल। एही तरे उ पश्चिम बंगाल के मुकुल रॉय के जिक्र किया। रॉय कथित रूप से सारदा चिटफंड घोटाला में शामिल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]