[the_ad_group id="30365"]

हम प्रधानमंत्री के दौड़ में शामिल नइखी : नीतीश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओने बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शुक्रवार के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पस ‘भ्रष्टाचारी के बचावे खातीर ध्रुवीकरण’ के ताना मारत हमला बोलले। कहले, हम उनुका बात प ध्यान नईखी देत। संगही कहले कि उ पीएम पद के दौड़ में नईखन। मोदी के बयान के संदर्भ में उ याद दिअवले कि अटल बिहारी वाजपेयी सरकार के शासनकाल में उ केंद्र में रहले।

भाजपा से गठबंधन तोड़ला के बाद राष्ट्रीय राजनीति में नीतीश के आवे के चर्चा होता, लेकिन उ फेर कहले कि हम पीएम पद के दौड़ में नईखी। जदयू के मुख्यालय में मीडिया से बतियावत केंद्र के राजनीति में जवन भूमिका निभावल बा ओकरा बारे में पूछल गईल सवाल के जवाब में नीतीश कहले कि, इ सभ बात छोड़ दीं। एकरा संगे-संगे पार्टी मुख्यालय में लगावल कुछ बड़ पोस्टर प लिखल बा ‘प्रदेश में दिखा, देश में दिखगा’, एकरा से बहुत अर्थ निकालल जाता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]