[the_ad_group id="30365"]

नीतीश बोलनें- तेजस्वी के नेतृत्व में लड़ल जाई 2025 विधानसभा चुनाव: हमार टारगेट 2024 में भाजपा के हटावल बा, प्रधानमंत्री बनल नाइ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार 2025 में बिहार चुनाव में CM पद के दावेदार नइखें। ऊ खुद एकर घोषणा कइले बानें। पटना में सोमार के महागठबंधन के विधायक के बैठक में नीतीश ने कहनें- 2025 के विधानसभा चुनाव तेजस्वी यादव के नेतृत्व में लड़ल जाई। हमार लक्ष्य 2024 लोकसभा में भाजपा के हरावल बा। हम CM चाहे PM पद के उम्मीदवार नइखी बनल चाहत।

हमरे बाद जौन नेतृत्व होई ऊ तेजस्वी यादव के होई

वित्त मंत्री अउर जदयू के वरिष्ठ नेता विजय चौधरी बतवलें कि बिहार विधानसभा के बाद जौन महागठबंधन विधानमंडल दल के बैठक भइल रहे ओमें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ई साफ कs दिहलें कि हमरे बाद जौन नेतृत्व होई ऊ तेजस्वी यादव के होई। 2025 के विधानसभा चुनाव तेजस्वी यादव के नेतृत्व में लड़ल जाई।

विजय कुमार चौधरी शराबबंदी के ले के कहनें कि तमाम नेता लोग के सामने मुख्यमंत्री ई बात साफ कs दिहल गइल कि शराबबंदी कइले में सब दल के समर्थन मिलल रहे। अब एह पर सवाल उठवले के कौनो औचित्य नइखे। ऊ कहनें कि जौन लोग एह पर सवाल उठा रहल बानें ऊ एह बात के समझ लें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]