[the_ad_group id="30365"]

पूर्व मंत्री राजा पटेरिया हिरासत में, पीएम मोदी के ले के दिहले रहनें विवादित बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता अउर पूर्व मंत्री राजा पटेरिया पीएम मोदी के ले के विवादित टिप्पणी कइले रहनें। पन्ना पुलिस उनके कहल ‘मोदी के मारs’ वाले बयान के सिलसिला में उनके आवास से हिरासत में लिहले बा। उनके खिलाफ सोमार के पन्ना के पवई में FIR दर्ज कइल गइल रहे।

पूर्व मंत्री राजा पटेरिया पन्ना में ‘पीएम के हत्या’ के बात कह के बवाल ठाढ़ कs दिहले बानें। भाजपा के नेता लोग ने उनके एह बयान के मजबूती से निंदा कइले बानें लोग। मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान, गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा से ले के प्रदेश भाजपा अध्यक्ष वीडी शर्मा तक ले एह बयान के कड़ शब्द में निंदा कइलें।

एकरे बाद गृहमंत्री नरोत्तम मिश्रा के निर्देश पर पन्ना पुलिस पटेरिया के खिलाफ शांतिभंग अउर वैमनस्य फइलावे के आरोप में एफआईआर दर्ज कइले रहल। राजा पटेरिया के कहनाम बा कि हम हत्या करे के बात नाइ कहनीं, बलुक अगिले चुनाव में मोदी के हरवले के बात कहले रहनीं। फ्लो में अइसन हो जाsला।

का बा पूरा मामिला

राजा पटेरिया अतवार के पन्ना में कांग्रेस के एगो कार्यक्रम में कार्यकर्ता लोग से बातचीत करत रहनें। वायरल वीडियो के अनुसार एहमें ऊ कहत बानें कि ‘मोदी इलेक्शन खतम कs देई। मोदी धर्म, जाति, भाषा के आधार पर बांट देई। दलितन के, आदिवासियन के, अल्पसंख्यकन के भारी जीवन खतरा में बा। संविधान के अगर बचावे के बा त मोदी के हत्या करे खातिर तैयार रहs जा, हत्या इन द सेंस हरवले के काम करs जा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]