Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेजस्वी के नेतृत्व में लड़ल जाई 2025 के विधानसभा चुनाव: नीतीश

500

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोमार के कहलें कि महागठबंधन 2025 में अगिला विधानसभा चुनाव उनका सहजोगी तेजस्वी यादव के नेतृत्व में लड़ी। बिहार विधानसभा में महागठबंधन के नेता लोगन के बइठक के बाद ई घोषणा कइल गइल। बइठक के दौरान तेजस्वी यादव, जीतन राम मांझी, अजीत शर्मा, महबूब आलम समेत महागठबंधन के आउर नेता मवजूद रहे लोग।

नीतीश कुमार कहलें – हमार देस के प्रधानमंत्री बनला के कवनो महत्वाकांक्षा नइखे। हमार खाली एगो महत्वाकांक्षा बा: भाजपा के हरावल आ ओकरा के केंद्र से हटावल। हमनी सब एही पर काम कर रहल बानी सs आ हमनी के तेजस्वी यादव के नेतृत्व में बिहार के 2025 के विधानसभा चुनाव लड़ेंम सs। हम बिहार आ बिहार के लोगन के विकास खातिर काम कर रहल बानी आ अब तेजस्वी यादव के बारी बा कि भविष्य में अच्छा काम जारी रखस।

एकरा पहिले कइयन मवकन पर नीतीश कुमार सार्वजनिक रूप से कहले रहस कि ऊ भविष्य में जुवा पीढ़ी के नेता तेजस्वी यादव के आगे बढ़ावल चाहत बाड़ें। अब ऊ विधानसभा में घोषणा कइले बाड़ें। नीतीश कुमार केंद्र के राजनीति देख रहल बाड़ें। इहां तक कि उनका पार्टी जदयू आ राजद के नेतो लोग एह बात के दावा कइले बा लोग कि नीतीश कुमार में देस के प्रधानमंत्री बनला के पूरा क्षमता बा। तेजस्वी यादव, राजद के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह आ जदयू संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा दावा कइले बाड़ें कि नीतीश कुमार पीएम मटीरियल हवे।

हालांकि, नीतीश कुमार कहलें कि उनका पीएम बनला के कवनो महत्वाकांक्षा नइखे। नीतीश कुमार के घोषणा कुढ़नी उपचुनाव के नतीजन के बाद भइल जहां उनकर पार्टी हार गइल। ऊ 10 आ 11 दिसंबर के पार्टी के नेता आ समर्थक लोगन के संगे ओपन सत्र कइलें आ वर्तमान राजनीतिक इस्थिति के विश्लेषण कइलें। सूत्र लोग बतावल कि ऊ कुढ़नी में जद-यू के प्रदर्शन से खुस ना रहस। एहिसे ऊ तेजस्वी यादव के नाम के ऐलान कइले हs आ ई उनका पार्टी के नेता लोग खातिरो चौंकावे वाला बा।

नीतीश कुमार के घोषणा के बड़े पैमाना पर स्वागत कइल गइल। राजद विधायक राकेश रौशन कहलें, तेजस्वी यादव के लोकप्रियता बिहार में बढ़ रहल बा। बिहार के लोग बदलाव चाहत बा। बिहार के नेतृत्व युवा पीढ़ी के हाथ में बा। सीपीआई-एमएलएल के विधायक महबूब आलम सिओद कहलें, मुख्यमंत्री के घोषणा वास्तव में सराहनीय बा। तेजस्वी यादव के नेतृत्व में महागठबंधन पनपी।

वित्त मंत्री आ जद-यू नेता विजय कुमार चौधरी कहलें, नीतीश कुमार लगातार कहेले कि ऊ तेजस्वी यादव के बढ़ावा देहल चाहत बाड़ें। ऊ विधानसभा में महागठबंधन के बइठक के दौरान एकर घोषणा कइलें। तेजस्वी यादव हमनी के भावी नेता होइहें।

हालांकि, बीजेपी एमएलसी आ राज्य के पूर्व मंत्री शाहनवाज हुसैन कहलें: महागठबंधन के नेता ‘ख्याली पुलाव’ (काल्पनिक भोजन) पका रहल बा लोग। बिहार के लोग तय करी कि 2025 में बिहार के मुख्यमंत्री के होई।

409230cookie-checkतेजस्वी के नेतृत्व में लड़ल जाई 2025 के विधानसभा चुनाव: नीतीश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.