[the_ad_group id="30365"]

विधानसभा में हंगामा पर नीतीश भइलें आगबबूला: तू-तड़ाक पर उतरलें, बीजेपी विधायकन से कहनें- चुप हो जा, शराब से मौत पर होत रहल हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जइसन आसार रहल, बिहार विधानमंडल के शीतकालीन सत्र के दूसरे दिन ओइसहीं नजारा देखे के मिलल। छपरा में शराब से 10 लोग के मौत होखले पर बीजेपी विधायक जमकर हंगामा कइलें। सदन में विपक्ष के हंगामा पर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आगबबूला हो गइलें। खीस में ऊ बीजेपी विधायकन के ओर से इशारा करत कहलें कि का हो गइल। ऐ, चुप हो जा।

सीएम के एह व्यवहार से बीजेपी के विधायकन में काफी नाराजगी बा। बीजेपी विधायक लोग नीतीश कुमार से माफी मांगे के मांग कइले बानें। हंगामे के बाद सदन के कार्यवाही एक बेर फिर से शुरू गइल। बीजेपी विधायक नीतीश के माफी के मांग पर अड़ल बानें। वेल में आ के भाजपा विधायक हंगामा कs रहल बानें। ताली बजावत मुख्यमंत्री माफी मांगो के नारा लगा रहल बानें।

एहसे पहिले मंगर के कैंडिडेट्स पर लाठीचार्ज के ले के बीजेपी नीतीश कुमार के इस्तीफा मंगले। सम्राट चौधरी आरोप लगवले रहनें कि जहरीला शराब से हो रहल मौत खातिर मुख्यमंत्री जिम्मेदार रहल। उनके खिलाफ FIR होखे के चाहीं। जोरदार हंगामा के बीच सदन के कार्यवाही 15 मिनट खातिर स्थगित कइल गइल बा।

भाकपा माले के विधायक लोग आजु बिहार विधानसभा के बाहर जमकर हंगामा प्रदर्शन कइलें। इनकर कहनाम बा कि धान खरीद के तिथि 31 मार्च तक बढ़ावल जाय। एकरे साथ-साथ शिक्षक नियोजन के ले के लोग सरकार से मांग कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]