[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर नगर निगम चुनाव: सहमति बना के करीं दावेदारी, 70 सीट जीत के बनावे के बा रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगर निगम चुनाव में आपसी सहमति बनवला के बादे दावेदारी करीं। एक वार्ड से बेसी दावेदार होइहें त समस्या बढ़ी। ई जिम्मेदारी पार्षदन के अलावा महानगर के पदाधिकारियन की भी है। इस बार 70 सीटें जीतकर रिकॉर्ड बनाना है।

ई बात भाजपा नगर निगम चुनाव के प्रभारी अउर वनमंत्री अरुण सक्सेना कहनें। ऊ मंगर के बेनीगंज स्थित भाजपा कार्यालय पs महानगर के बइठक के संबोधित करत रहनीं। ऊ कहनें कि बूथ से ले के महानगर इकाई ले स्क्रीनिंग कमेटी बनी।

ई कमेटी पारदर्शिता के साथ दावेदारन के आवेदन के आगे बढ़इहें। चुनाव प्रभारी कहनें कि चुनाव के ले के बूथ अउर मंडल स्तर पर बइठकी करें। सामंजस्य बनाईं अउर वार्ड में माहौल बना के प्रचार अभियान में जुट जाईं। संचालन महानगर उपाध्यक्ष शशिकांत सिंह अउर अध्यक्षता महानगर अध्यक्ष राजेश गुप्ता कइलें।

बइठकी में मेयर सीताराम जायसवाल, चुनाव संयोजक चिरंजीव चौरसिया, महानगर अध्यक्ष राजेश गुप्ता, राहुल श्रीवास्तव, देवेश श्रीवास्तव, बृजेश मणि मिश्रा, पार्षद अशोक मिश्रा, ऋषि मोहन वर्मा पद्मा गुप्ता, श्वेता श्रीवास्तव आदि लोग मौजूद रहल।

कई लोग दिहल अर्जी, लिहल नाइ

पार्टी कार्यालय पर चुनाव प्रभारी अरुण सक्सेना कई पदाधिकारियन के पार्षदन से अलगे से मुलाकात कइलें। उनसे वार्ड चुनावन के समीकरण समझल। हालांकि, एह दौरान भाजपा से वार्ड के चुनाव लड़ले के इच्छा रखे वाले कार्यकर्ता अउर पदाधिकारी लोग दावेदारी खातिर अर्जी डारल, जे के चुनाव प्रभारी नाइ लिहलें। बाद में सभे महानगर अध्यक्ष के अर्जी डरलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]