Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारी बरखा से हजरतगंज में बड़ हादसा, मकान के देवाल गिरला से नव लोगन के मौत

जिलाधिकारी सिविल हास्पिटल पहुंच के घायलन के हाल-चाल लेले। ऊ बतवले कि हादसा में मृत लोगन के परिजनन के आपदा राहत के अंतर्गत मुख्यमंत्री के ओर से 4-4 लाख रुपिया के सहायता प्रदान कइल जाई।

301

भारी बरखा से लखनऊ के हजरतगंज में सुक के बड़ हादसा हो गइल। हजरतगंज में एगो मकान के देवाल गिरला से नव लोगन के मौत हो गइल आ दु लोग घायल हो गइल। मृतकन में दुगो लईको बाड़ें। अधिकारी मौका प पहुंच गइल बा लो। सीएम योगी आदित्यनाथ घटना प दुख जतावत मृतकन के परिजनन खातिर मुआवजा के ऐलान कइलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ हादसा में भइल जनहानि प गहरा दुःख व्यक्त कइलें बाड़ें। ऊ शोक संतप्त परिजनन के प्रति संवेदना व्यक्त कइलें बाड़ें। ऊ अफसरन के घायलन  के उचित इलाज मुहैया करावे के निरदेस देले बाड़े।

डीएम मौका प जाके लेले जायजा

कैंट स्थित दिलकुशा में देवाल गिरला के सूचना प्राप्त होखते जिलाधिकारी सूर्य पाल गंगवार कैंट स्थित दिलकुशा पहुंचले आ घटनास्थल के जायजा लेले। जिलाधिकारी बतवले कि ई दुर्घटना काल्ह राते से हो रहल बरखा के कारण निर्माणाधीन देवाल गिरला से भइल बा। दु गो घायलन के सिविल अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहां डॉक्टर दुनो के खतरा के बाहर बतवले बाड़ें।

डीएम घायलन के हालचाल लेले 

जिलाधिकारी सिविल हास्पिटल पहुंके घायलन के हाल-चाल लेले। जिलाधिकारी बतवले कि हादसा में मृत लोगन के परिजनन के आपदा राहत के अंतर्गत मुख्यमंत्री के ओर से 4-4 लाख रुपिया के सहायता प्रदान कइल जाई।

प्रदेश में जारी बा बारिश के कहर

प्रदेश में भारी बारिश के कारण तबाही मचल बा। जगे-जगे जलभराव हो गइल बा। एकरा के देखत लखनऊ आ झांसी में जिला प्रशासन देर रात जिला के 12वीं तक के सब सरकारी, अर्द्ध-सरकारी आ प्राइवेट स्कूलन में अवकाश राखे के निरदेस जारी कइलें बाड़ें। लखनऊ जिला प्रशासन द्वारा जारी अधिसूचना के मोताबिक, ई आदेश शहरी आ ग्रामीण दुनों क्षेत्रन के स्कूलन खातिर बा। सब स्कूल प्रबंधनन के आदेश प्रेषित क दिहल गइल बा, जवना से ऊ विद्यार्थियन के अभिभावकन के समय प सूचित क सके लो।

गोरखपुर संभागो में बारिश के कहर

पिछला 24 घंटा में गोरखपुर संभाग के गोरखपुर जनपद में 158 मिलीमीटर, देवरिया जिला में 107.5, महराजगंज में 90, बस्ती में 83.8, सिद्धार्थनगर जिला में 70.2, संतकबीरनगर में 52 आ कुशीनगर जनपद में 27.5 मिलीमीटर बारिश दर्ज कइल गइल बा। गोरखपुर में बुध के आधा रात से लेके बियफे के साँझ छव बजे ले एतना बरखा भइल बा कि पिछला 10 साल के रिकार्ड टूट गइल। एह दौरान 158 मिलीमीटर बरखा दर्ज कइल गइल बा। एकरा पहिले 18 सितंबर 2012 के 24 घंटा में 155.7 मिलीमीटर बरखा भइल रहे। ओहिजा, संतकबीरनगर जिला में 250 स्कूलन में जलभराव होखला से शिक्षण कार्य ठप हो गइल एकरा अलावे झांसी में तीन दिन से हो रहल भारी बरखा के चलते सुक के स्कूल बंद राखे के आदेश दिहल गइल बा।

331380cookie-checkभारी बरखा से हजरतगंज में बड़ हादसा, मकान के देवाल गिरला से नव लोगन के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.