[the_ad_group id="30365"]

सीतापुर में भइल बड़ सड़क हादसा, ट्रक अउरी ट्रैक्टर ट्राली में भइल टक्कर, चार लोग के मौत, 35 लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीतापुर जिला के सिधौली कोतवाली इलाका में बुध के रात भइल दर्दनाक हादसा में ट्रैक्टर ट्रॉली में सवार चार लोग के मौत हो गइल। उहवें पैंतीस लोग गंभीर रूप से घाही हो गइलें। ट्रैक्टर ट्रॉली में सवार लोग शाहजहांपुर से बाराबंकी के देवा जात रहलें। देर रात ही मौका पर पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलस।

बुधवार देर रात शाहजहांपुर जिला से बाराबंकी के देवा जाए खातिर एगो ट्रैक्टर ट्राली पs करीब 50 लोग सवार रहलें। रात में ट्रैक्टर ट्राली चालक ट्रैक्टर ट्राली के हाईवे के बस स्टॉप पर बनल डिवाइडर कट से मोड़े लागल। एतने में ही दूसरा ओर से आ रहल ट्रक टक्कर मार देहलस। जबकि एक अउर तेज रफ्तार ट्रक ट्रैक्टर ट्राली के अचानक से धीरा हो गइले के चलते पीछे से टक्कर मार देहलस।

टक्कर एतना जोरदार रहल की ट्रैक्टर के आगे के हिस्सा अलग हो गइल। एह घटना में ट्रैक्टर ट्राली में सवार लगभग 35 लोग में से 4 के मौका पर मौत हो गइल जबकि 4 गंभीर घायल हो गइलें। मृतकन में नूर मोहम्मद (70) अउरीहसनैन (15) निवासी हथौड़ा थाना रौजा जिला शाहजहांपुर अउरी बरेली जिले के पडेरा थाना फतेहगंज पूर्वी निवासी शंभुल (18) अउरी इजराइल (40) शामिल बानें। जबकि शादाब (15), मो० हसन (15), सरताज (23), सोनम (15) निवासीगण हथौड़ा थाना रौजा जिला शाहजहांपुर गंभीर घायल हो गइलें जेनके प्राथमिक उपचार के बाद ट्रामा सेंटर रेफर कइल गइल।

देर रात मौका पर अपर पुलिस अधीक्षक दक्षिणी एनपी सिंह शिव सिटी यादवेंद्र यादव पहुंचलें अउरी घायलन के इलाज खातिर भर्ती करवलें। गंभीर रूप से घायल चार लोग के डॉक्टर ट्रामा सेंटर रेफर कs देहले बानें। उहवें, अन्य घायलन के इलाज करावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]