[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में बिजुली गिरले से 14 लोग झुलसल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पडरौना जनपद में अलग-अलग जगह पर बियफ़े के बिजली गिरला से 14 लोग झुलस गइलें। सुबह 11 बजे पडरौना कोतवाली क्षेत्र के सिरसिया दीक्षित गांव में बिजली गिरले से महिला अउर किशोरी झुलस गइलीं। शाम करीब पांच बजे हाटा कोतवाली क्षेत्र में बिजली के चपेट में अइले से 12 लोग झुलस गइल। एह सब के इलाज चल रहल बा। बिजली गिरले से तीन मंजिला मकान भी क्षतिग्रस्त हो गइल बा।
बियफ़े के सुबह करीब 11 बजे गरज-चमक के साथ बारिश होत रहल। एही बीच सिरसिया दीक्षित गांव निवासी बेचन के पत्नी कुसुमावती (50) अउर संजय के पुत्री पूजा (12) बिजली के चपेट में अइले से झुलस गइलीं। दूनों के मकान अगल-बगल में बा। बारिश के दौरान दूनों अपने घर में रहली। तब्बे अचानक बिजली गिर गइल। परिवार के लोग  उनके निजी अस्पताल में भर्ती करावल। ग्राम प्रधान सुनील कुमार दीक्षित बतवलें कि डॉक्टर पूजा के हालत सामान्य अउरी कुसुमावती के गंभीर बतवले बानें।

सुकरौली प्रतिनिधि के अनुसार, हाटा कोतवाली क्षेत्र के पड़री गांव के लीलही कोठी टोला में बियफ़े के साँझ बारिश होत रहल। साँझ करीब पांच बजे बिजली के खम्हा पs बिजली गिर गइल। एह घटना में बिजली के पोल के तार के आस-पास के कई घरों में अचानक कंपन के संगे करंट दउर गइल। एहसे सुखारी निषाद, रामप्रवेश निषाद, सुनील, शिखा, पूजा, तेतरी, मंगली, संजना, रिंकू, केशवलाल, अखिलेश, प्रदीप समेत बारह लोग ओकरे चपेट में आ गइलें। एह घटना के बाद गांव में अफरातफरी मच गइल। एह सब लोग के गांव के लोग प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र सुकरौली पहुंचावल, जहां इनकर इलाज चल रहल बा।

पिपरा बाजार प्रतिनिधि के अनुसार, बियफ़े के बारिश के दौरान नेबुआ नौरंगिया थाना क्षेत्र के भुजौली शुक्ल गांव निवासी राजेश्वरी मिश्र के तीन मंजिला मकान पर बिजली गिर गइल। एसे मकान के एक कोना क्षतिग्रस्त हो गइल बा। एकरे अलावा गांव के कृष्णमोहन शुक्ल, श्याम, किशोर, दिनेश, विंध्याचल, पंचानंद सहित दूसर कई लोग के घर के वायरिंग आ इंवर्टर में खराबी आ गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]