[the_ad_group id="30365"]

एसीएस गृह अवनीश अवस्थी भइलें रिटायर, यूपीडा सहित उनके सब विभागन के चार्ज प्रमुख सचिव संजय प्रसाद के देहल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपर मुख्य सचिव, गृह अवनीश अवस्थी बुधवार के आखिरकार सेवानिवृत्त हो गइलें। उनके सेवा विस्तार नाइ मिल पावल। उप्र. एक्सप्र्रेसवेज इंडस्ट्रियल डेवलपमेंट अथॉरिटी (यूपीडा) सहित उनके सब विभागन के कार्यभार प्रमुख सचिव, मुख्यमंत्री अउरी सूचना संजय प्रसाद के सौंपल गइल बा।

अवस्थी के लग्गे गृह के अलावा गोपन, वीजा-पासपोर्ट, जेल प्रशासन एवं सुधार, सतर्कता विभाग, धर्मार्थ कार्य विभाग के जिम्मेदारी रहल। ऊ यूपीडा अउरी उप्र. स्टेट हाईवेज अथॉरिटी (उपशा) के सीईओ अउरी डीजी जेल भी रहलें। ऊर्जा विभाग के अतिरिक्त चार्ज भी उनके लग्गे रहल। संजय देर साँझ गृह विभाग का कार्यभार सम्हार लिहलें अउरी अधिकारियन के संगे बइठको कइलें।

अपर मुख्य सचिव, गृह के पद से बुधवार के सेवानिवृत्त भइल अवनीश अवस्थी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के काफी भरोसेमंद अउर सबसे पावरफुल ब्यूरोक्रेट रहलें। अवस्थी 1984 के बाद सबसेलमहर समय तीन वर्ष एक माह ले गृह विभाग के मुखिया रहले के रिकॉर्ड बना गइलें। उनकर कार्यकाल एक अगस्त, 2019 से 31 अगस्त, 2022 ले रहल। एसे पहिले आरसी टकरू के कार्यकाल नवंबर 1980 से मार्च 1984 तक के रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]