[the_ad_group id="30365"]

बिहार: पूर्व सांसद आनंद मोहन के बेटा आ RJD विधायक चेतन आनंद के गायब होले के खबर, भाई थाना में लगवले गुहार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व सांसद आनंद मोहन के बेटा अवुरी आरजेडी विधायक चेतन आनंद के लापता होखे के खबर सोझा आईल बा। चेतन के भाई अंशुमान आनंद उनुका के तलाशी खातीर थाना में आवेदन देले बाड़े। चेतन के 10 फरवरी के पूर्व उप सीएम तेजस्वी यादव के आवास पs देखल गईल रहे। आरजेडी के एगो विधायक गिटार बजावत वीडियो में भी उनुका के देखल गईल।

चेतन के भाई के आवेदन के आधार पs पटना पुलिस जांच खातीर तेजस्वी यादव के सरकारी आवास पs पहुंचल रहे। हालांकि आरजेडी के नेता से बात कईला के बाद पुलिस वापस आ गईल। मिलल जानकारी के मुताबिक पुलिस जब तेजस्वी के आवास पs पहुंचल तs भारी संख्या में आरजेडी कार्यकर्ता जमा हो गईले। पुलिस जहां बहरी आवत- लवटत समय तबे आरजेडी कार्यकर्ता पुलिस अवुरी नीतीश कुमार के खिलाफ नारा लगवले।

फ्लोर टेस्ट कब होई?

आजु बिहार में फ्लोर टेस्ट होखे वाला बा। 11 फरवरी के जेडीयू एगो बैठक बोलवले रहे जवना में जेडीयू के विधायक भाग लेले रहले। लेकिन जेडीयू के 4 विधायक बैठक में ना अईले अवुरी उनुकर मोबाइल भी बंद बा।

एह बइठक में जेडीयू के 4 विधायक बीमा भारती, सुदर्शन, डॉ संजीव आ दिलीप राय शामिल ना भइले। इs सभ विधायक 10 फरवरी के श्रवण कुमार के आवास पs आयोजित भोज में भी ना आईल रहले। अचरज के बात इs बा कि एs चारो विधायक के मोबाइल भी बंद बा। बता दीं कि जेडीयू के एह बइठक में सीएम नीतीश कुमार भी मौजूद रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]