Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सुधांशु त्रिवेदी, आरपीएन सिंह… राज्यसभा चुनाव खातिर BJP कइलस उम्मीदवारन के ऐलान, पढ़ीं पूरा लिस्ट

217

भाजपा आवे वाला राज्यसभा चुनावन खातिर उत्तर प्रदेश बिहार समेत कइयन राज्यन में अपना उम्मीदवारन के लिस्ट जारी कइले बिया। उत्तर प्रदेश से सुधांशु त्रिवेदी, आरपीएन सिंह को उम्मीदवार घोषित कइल गइल बा। बिहार से धर्मशीला गुप्ता आ डॉ भीम सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा। उत्तराखंड से महेंद्र भट्ट आ पश्चिम बंगाल से सामिक भट्टाचार्य के उम्मीदवार घोषित कइल गइल।

राज्यसभा के आवे वाला चुनावन खातिर भाजपा अतवार के सात राज्यन खातिर 14 प्रत्याशियन के सूची जारी कs देलस। एमें उत्तर प्रदेश से पूर्व केंद्रीय मंत्री आरपीएन सिंह आ सुधांशु त्रिवेदी आउर उत्तराखंड से पार्टी के प्रदेश इकाई अध्यक्ष महेंद्र भट के नाम सामिल बा।

हरियाणा से पार्टी के प्रदेश इकाई के पूर्व अध्यक्ष सुभाष बराला के प्रत्याशी बनावल गइल बा। सूची में अइसन कवनो केंद्रीय मंत्री के नाम सामिल नइखे, जेकर राज्यसभा के कार्यकाल समाप्त हो रहल बा। एहसे एह बात के मजबूत संभावना जतावल जा रहल बा कि कइयन गो केंद्रीय मंत्री लोकसभा के चुनाव लड़ी लो। हालांकि, पार्टी के अभियो कइयन प्रत्याशियन के नामन के घोषणा करे के बा।

लिस्ट में सामिल नइखे केंद्रीय मंत्री राजीव चंद्रशेखर के नाम

राज्यसभा में कर्नाटक के प्रतिनिधित्व करे वाला केंद्रीय मंत्री राजीव चंद्रशेखर आ उत्तराखंड से राज्यसभा सदस्य आउर भाजपा के मुख्य प्रवक्ता अनिल बलूनी के नाम सूची में नइखे। सूत्रन के कहनाम बा कि पार्टी दुनो के लोकसभा चुनाव में प्रत्याशी बना सकत बिया।

बिहार के वरिष्ठ नेता सुशील कुमार मोदी के नाम तक सूची में सामिल नइखे। बिहार में राज्यसभा खातिर छव गो रिक्ति बा आ सत्तारूढ़ राजग आ विपक्षी दल अपना संख्या बल के आधार पs तीन-तीन सीट जीत सकत बा। एक सीट पs भाजपा के सहजोगी दल जदयू कावर से प्रत्याशी घोषित कइल गइला के संभावना बा।

राजनीतिक रूप से महत्वपूर्ण कुर्मी समुदाय से आवे वापा आरपीएन सिंह भाजपा में आवे से पहले कांग्रेस में रहस। गौर करे आला बात बा कि 15 राज्यन में से 56 राज्यसभा सीटन खातिर 27 फरवरी के चुनाव होखे के बा। नामांकन दाखिल करे के अंतिम तिथि 15 फरवरी हs।

  • उत्तर प्रदेश से सुधांशु त्रिवेदी, आरपीएन सिंह के उम्मीदवार घोषित कइल गइल।
  • हरियाणा भाजपा के पूर्व प्रमुख सुभाष बराला के हरियाणा से पार्टी के उम्मीदवार घोषित कइल गइल।
  • बिहार से धर्मशीला गुप्ता आ डॉ भीम सिंह के उम्मीदवार बनावल गइल बा।
  • छत्तीसगढ़ से राजा देवेन्द्र प्रताप सिंह, कर्नाटक से नारायण कृष्णासा भांडगे के उम्मीदवार बनावल गइल बा।
  • उत्तराखंड से महेंद्र भट्ट आ पश्चिम बंगाल से सामिक भट्टाचार्य के उम्मीदवार घोषित कइल गइल।

कट गया सुशील मोदी का पत्ता

बिहार से भाजपा डॉक्टर धर्मशीला गुप्ता आ डॉक्टर भीम सिंह के राज्यसभा उम्मीदवार बनवले बिया। ओहिजा, सुशील कुमार मोदी के पत्ता कट गइल बा। एकरा संगही सुशील मोदी के पत्ता कट गइल बा। बता दीं कि सुशील मोदी के कार्यकाल अभी समाप्त भइल बा। डॉक्टर धर्मशीला गुप्ता बिहार भाजपा महिला मोर्चा के अध्यक्ष हई। ओहिजा डॉक्टर भीम सिंह अति पिछड़ा समाज से आवेलें आ ऊ नीतीश सरकार में मंत्री रह चुकल बाड़ें।

भाजपा पश्चिम बंगाल के मुख्य प्रवक्ता हवे समिक भट्टाचार्य

पश्चिम बंगाल से समिक भट्टाचार्य के उम्मीदवार बनावल गइल बा। समिक के भाजपा 2019 में दमदम लोकसभा सीट से प्रत्याशी बनवले रहे, बाकिर उनका हार के सामना करे के पड़ल रहे। 2014 से 2016 तक बशीरहाट दक्षिण निर्वाचन क्षेत्र से विधायक चुनल गइल रहस। फिलहाल भाजपा पश्चिम बंगाल के मुख्य प्रवक्ता बाड़ें।

दु अप्रिल के सरोज पांडे के कार्यकाल हो रहल बा समाप्त

छत्तीसगढ़ के एगो राज्यसभा सीट खातिर भाजपा राजा देवेंद्र प्रताप सिंह के उम्मीदवार बनवले बिया। राजा देवेंद्र प्रताप सिंह लैलूंगा से जिला पंचायत सदस्य हवे आ 15 साल से भाजपा से जुड़ल बाड़ें। दु अप्रिल 2024 के राज्य सभा के सीट पs सरोज पांडे के कार्यकाल समाप्त हो रहल बा।

65 सांसद हो रहल बा लो रिटायर

एह साल राज्यसभा के 68 सदस्य रिटायर होखे वाला बा लो। तीन सांसदन के कार्यकाल 27 जनवरी के पूरा हो चुकल बा। एह 65 सदस्यन में से 55 सदस्य 23 फरवरी के रिटायर होई लो। दु सदस्यन के तीन अप्रिल आ दु सदस्यन के मई में कार्यकाल पूरा हो जाई, जबकि एक से 13 जुलाई के बीच सात राज्यसभा सांसदन के कार्यकाल पूरा होई।

भाजपा के 32 सांसद हो रहल बा लो रिटायर

रिटायर होखे वाला सबसे जादे सांसद बीजेपी के बा लो। एह साल बीजेपी के 32 राज्यसभा सांसदन के कार्यकाल पूरा हो रहल बा।

735520cookie-checkसुधांशु त्रिवेदी, आरपीएन सिंह… राज्यसभा चुनाव खातिर BJP कइलस उम्मीदवारन के ऐलान, पढ़ीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.