Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तेजस्वी के आवास के बाहर पुलिस के डेरा, होटल में विधायकन के फेरा; बिहार में होई खेला?

270

28 जनवरी के नौवीं बेर बिहार के मुख्यमंत्री के शपथ लेला के बाद आज नीतीश कुमार अवुरी उनुका सरकार खातीर अग्निपरीक्षा के दिन बा। नीतीश सरकार के फ्लोर टेस्ट आजु विधानसभा में होखे वाला बा। एह परीक्षण से पहिले राज्य में राजनीतिक लड़ाई तेज हो गइल बा। तेजस्वी यादव के आवास में आरजेडी अवुरी लेफ्ट विधायक डेरा डलले बाड़े, जबकि भाजपा, जेडीयू अवुरी कांग्रेस के विधायक होटल में ठहरल बाड़े। इs सभ विधायक सीधा विधानसभा में पहुंच जईहे। आज राज्य में दिन भर राजनीतिक घटनाक्रम जारी रही ।

नीतीश सरकार आपन कार्यकाल पूरा करी – जेडीयू सचिव

आज बिहार विधानसभा में होखेवाला फ्लोर टेस्ट पs जेडीयू के राष्ट्रीय सचिव राजीव रंजन प्रसाद के कहनाम बा कि, ‘सीएम नीतीश कुमार के नेतृत्व में हमनी के बहुमत मिली अवुरी सरकार आपन कार्यकाल पूरा कs दिही।’

 

 

 

736040cookie-checkतेजस्वी के आवास के बाहर पुलिस के डेरा, होटल में विधायकन के फेरा; बिहार में होई खेला?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.