[the_ad_group id="30365"]

तेजस्वी के आवास के बाहर पुलिस के डेरा, होटल में विधायकन के फेरा; बिहार में होई खेला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

28 जनवरी के नौवीं बेर बिहार के मुख्यमंत्री के शपथ लेला के बाद आज नीतीश कुमार अवुरी उनुका सरकार खातीर अग्निपरीक्षा के दिन बा। नीतीश सरकार के फ्लोर टेस्ट आजु विधानसभा में होखे वाला बा। एह परीक्षण से पहिले राज्य में राजनीतिक लड़ाई तेज हो गइल बा। तेजस्वी यादव के आवास में आरजेडी अवुरी लेफ्ट विधायक डेरा डलले बाड़े, जबकि भाजपा, जेडीयू अवुरी कांग्रेस के विधायक होटल में ठहरल बाड़े। इs सभ विधायक सीधा विधानसभा में पहुंच जईहे। आज राज्य में दिन भर राजनीतिक घटनाक्रम जारी रही ।

नीतीश सरकार आपन कार्यकाल पूरा करी – जेडीयू सचिव

आज बिहार विधानसभा में होखेवाला फ्लोर टेस्ट पs जेडीयू के राष्ट्रीय सचिव राजीव रंजन प्रसाद के कहनाम बा कि, ‘सीएम नीतीश कुमार के नेतृत्व में हमनी के बहुमत मिली अवुरी सरकार आपन कार्यकाल पूरा कs दिही।’

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]