[the_ad_group id="30365"]

NEST 2024 Result: आज घोषित होई नेशनल एंट्रेंस स्क्रीनिंग टेस्ट के परिणाम, NISER चार बजे जारी करी परिणाम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NEST 2024 परीक्षा में सम्मिलित भइल उम्मीदवारन खातिर आज निर्णायक दिन बा। केंद्र सरकार के परमाणु उर्जा विभाग के ओर से स्थापित राष्ट्रीय विज्ञान शिक्षा आ अनुसंधान संस्थान (NISER), भुवनेश्वर आउर यूनिवर्सिटी ऑफ मुंबई के परमाणु उर्जा विभाग – सेंटर फॉर एक्सीलेंस इन बेसिक साइंसेस (UM-DAE CEBS), मुंबई में अप्लाईड साइंस आ आउर क्षेत्रन के शोध पाठ्यक्रमन में दाखिला खातिर आयोजित नेशनल एंट्रेंस स्क्रीनिंग टेस्ट (NEST) 2024 के नतीजा (NEST 2024 Result) के घोषणा आज माने सुक, 12 जुलाई के कइल जाई। परीक्षा के आयोजन करे वाला NISER भुवनेश्वर के ओर से नतीजा आज सांझ चार बजे जारी कइल जाए के बा।

NEST 2024 Result: परिणाम nestexam.in पs होई जारी

NISER भुवनेश्वर द्वारा NEST 2024 के नतीजन के घोषणा निर्धारित समय पs कइल गइला के बाद परिणाम देखे खातिर लिंक के आधिकारिक वेबसाइट, nestexam.in पs एक्टिव कइल जाई। औपचारिक ऐलान के बाद उम्मीदवारन के अपना परिणाम देखे खातिर एह वेबसाइट पs विजिट करे के होई आ फेर संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई। फेर नया पेज पs आपन पंजीकरण संख्या आ आउर विवरणन के माध्यम से लॉग-इन कs के उम्मीदवार आपन परिणाम (NEST Result 2024) स्कोर कार्ड आ रैंक जान सकी लो। स्कोर कार्ड के प्रिंट लेवे के बाद सॉफ्ट कॉपी उम्मीदवारन के सेव कs लेवे के चाहीं।

NEST 2024 रिजल्ट लिंक (सांझ 4 बजे से देखीं)

बता दीं कि NISER भुवनेश्वर नेशनल एंट्रेंस स्क्रीनिंग टेस्ट (NEST) 2024 के आयोजन कंप्यूटर आधारित परीक्षा (CBT) मोड में 30 जून के कइल गइल रहे। परीक्षा 3.30-3.30 घंटा के दु पालियन में आयोजित कइल गइल रहे, जवन कि सबेरे नव बजे आ दुपहरिया 2:30 बजे सुरू भइल रहे। एकरा बाद NISER परीक्षा में पूछल गइल सवालन के अनौपचारिक उत्तर-कुंजियन के पांच जुलाई के जारी करत उम्मीदवारन से ओह लोगन के आपत्तियन के सात जुलाई तक आमंत्रित कइले रहे। एह आपत्तियन के समीक्षा संबंधित विषय विशेषज्ञन से करावल गइला के बाद नतीजन के (NISER NEST 2024 Result) घोषणा कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]