[the_ad_group id="30365"]

Indian Bank Apprentice 2024: इंडियन बैंक में अप्रेंटिसशिप के सानदार मवका! ग्रेजुएट बानी तs तुरंत करीं आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indian Bank Apprentice Recruitment 2024: बैंकिंग के क्षेत्र में करियर बनावे के चाह रखे वालन खातिर जरूरी खबर बा। दरअसल, इंडियन बैंक अप्रेंटिस पदन पs भर्ती खातिर योग्य उम्मीदवारन से आवेदन आमंत्रित कइल गइल बा। जोग्य उम्मीदवार इंडियन बैंक के आधिकारिक वेबसाइट (indianbank.in.) के माध्यम से ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो।

एह भर्ती अभियान के तहत संगठन में 1500 अप्रेंटिस पदन के भरल जाई। पंजीकरण प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा आ 31 जुलाई, 2024 के बंद होई।

पात्रता मापदंड

जे उम्मीदवार एह पदन खातिर आवेदन कइल चाहत बा, उनका लगे कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से कवनो विषय में स्नातक के डिग्री भा केंद्र सरकार के ओर  से मान्यता प्राप्त कवनो समकक्ष योग्यता होखे के चाहीं। उम्मीदवारन के 31.03.2020 के बाद स्नातक के डिग्री पूरा करे के चाहीं आ उत्तीर्ण होखे के प्रमाण पत्र होखे के चाहीं।

उम्मीदवार के आयु सीमा 20 से 28 वर्ष के बीच होखे के चाहीं। हालांकि, भारत सरकार के दिशा-निरदेसन के अनुसार एससी/एसटी/ओबीसी/पीडब्ल्यूबीडी आदि श्रेणियन खातिर ऊपरी आयु सीमा में छूट लागू बा।

चयन प्रक्रिया

  • प्रशिक्षु पदन खातिर आवेदन करे वाला अभ्यर्थियन के चयन ऑनलाइन लिखित परीक्षा के बाद स्थानीय भाषा प्रवीणता परीक्षा के माध्यम से कइल जाई।
  • परीक्षा मुख्य क्षेत्रीय भाषा में आयोजित कइल जाई (जइसन कि बैंक के ओर से तय कइल जा सकत बा) सामान्य अंग्रेजी के छोड़के, जवन अंग्रेजी में होई। वस्तुनिष्ठ परीक्षणन में, गलत उत्तरन के परिणामस्वरूप नकारात्मक अंक मिली। प्रत्येक प्रश्न खातिर निर्धारित अंकन में से एक-चौथाई अंक प्रत्येक गलत उत्तर खातिर काट लिहल जाई।
  • टेस्ट खातिर कॉल लेटर उम्मीदवारन के ईमेल भा बैंक के वेबसाइट भा apprenticeshipindia.org. भा nsdcindia.org/apprenticeship भा bfsissc.com के माध्यम से जारी कइल जाई।

आवेदन शुल्क

सामान्य/ओबीसी/ईडब्ल्यूएस श्रेणी खातिर आवेदन शुल्क 500 रुपिया बा। एससी/एसटी/पीडब्ल्यूबीडी श्रेणी के उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क के भुगतान से छूट दिहल गइल बा। उम्मीदवार के आवेदन शुल्क/सूचना शुल्क के ऑनलाइन भुगतान खातिर बैंक लेनदेन शुल्क वहन करे के होई। शुल्क के भुगतान ऑनलाइन कइल जाये के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]