[the_ad_group id="30365"]

Nepal Plane Crash: नेपाल में बड़ विमान हादसा, टेकऑफ होखतही प्लेन काठमांडू में दुर्घटनाग्रस्त; 18 लोगन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Nepal Plane Crash: नेपाल के राजधानी काठमांडू में बुध के बड़ विमान हादसा भइल बा। त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs शौर्य एयरलाइंस के एगो विमान उड़ान भरे के दौरान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। काठमांडू पोस्ट के अनुसार, दुर्घटना स्थल से 18 शव बरामद कइल गइल बा।

विमान में सवार रहे 19 लोग

काठमांडू पोस्ट के एगो रिपोर्ट के अनुसार, टीआईए के प्रवक्ता प्रेमनाथ ठाकुर बतवलें कि पोखरा जाये वाला विमान में एयरक्रू सहित 19 लोग सवार रहे। ई विमान सबेरे करीब 11 बजे दुर्घटनाग्रस्त भइल। पुलिस आ अग्निशमन कर्मी दुर्घटना स्थल पs मवजूद बा आ राहत बचाव कार्य जारी बा।

पायलट के ले जाइल गइल अस्पताल

हवाई अड्डा पs तैनात एगो सुरक्षा अधिकारी समाचार एजेंसी PTI के बतवलें कि विमान के पायलट के अस्पताल ले जाइल गइल बा। ऊ बतवलें कि विमान में लागल आग के बुझा दिहल गइल बा। पुलिस आ दमकलकर्मी दुर्घटनास्थल पs बचाव अभियान चला रहल बा लो। फिलहाल यात्रियन के इस्थिति के बारे में विस्तृत जानकारी नइखे मिल पाइल।

उहां मवजूद लोग बतावल हादसा के पहिले के मंजर

काठमांडू पोस्ट के अनुसार, प्रत्यक्षदर्शी लोग बतावल कि विमान रनवे के दक्षिणी छोर से उड़ान भरत रहे आ अचानके पलट गइल आ  पंखा सीधा जमीन से टकरा गइल। जवना से विमान में तुरंत आग लाग गइल। एकरा बाद ई रनवे के पूर्वी हिस्सा में बुद्ध एयर हैंगर आ रडार स्टेशन के बीच खाई में जा गिरल। वायरल वीडियो में हवाई अड्डा पs धुआ के घन गुबार देखल जा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]