[the_ad_group id="30365"]

नवी मुंबई में दर्दनाक हादसा, बहुमंजिला इमारत गिरले से कई लोग मलबा में दब गइले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

शहर के शाहबाज गांव में एगो दर्दनाक हादसा सोझा आईल बा। इहाँ तीन मंजिला इमारत गिर गईल बा। भवन गिरला के बाद बहुत लोग के मलबा के नीचे दफन होखे के आशंका बा। अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक मलबा से दु लोग के जिंदा निकालल गईल बा। फिलहाल एनडीआरएफ, पुलिस, फायर ब्रिगेड अवुरी नगर निगम के अधिकारी मौका पs पहुंचल बाड़े। एकरा संगे राहत अवुरी बचाव के काम तेजी से हो रहल बा। पूरा घटना के सूचना सेक्टर 19, बेलापुर शाहबाज गांव से हो रहल बा।

दुर्घटना सबेरे साढ़े चार बजे भइल

जानकारी देत ​​दमकल विभाग के एगो अधिकारी बतवले कि सबेरे साढ़े चार बजे भवन गिरला के जानकारी मिलल बा। जानकारी मिलला के बाद हमनी के टीम इहाँ पहुंचल, ओकरा बाद देखनी कि दु लोग फंसल बाड़े। सैफ अली आ रुखसर खातून के हम जिंदा निकाल देले बानी। मोहम्मद सिराज नाम के एगो आदमी अबहीं ले लापता बा आ ओकर तलाशी लिहल जा रहल बा. कई गो टीम राहत आ बचाव के काम में लागल बाड़ी सँ.

इs भवन मात्र 10 साल पुरान रहे

एकरा अलावे नवी मुंबई नगर निगम के एगो अधिकारी बतवले कि जब भवन गिरला के जानकारी मिलल तs हमनी के इहाँ पहुंच गईनी। एकरा में तीन गो दोकान आ 13 गो फ्लैट रहे। अबे ले 52 लोग के बाहर निकालल गईल बा। एकरा अलावे दु जने के रेस्क्यू कs के बाहर निकालल गईल। अबे ले फंसल लोग के बचावे के काम हो रहल बा। जे सुरक्षित बाड़े ओकरा के बचाव आश्रय स्थल में भेज दिहल गइल बा. एकरा अलावे घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा, जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। उs बतवले कि इs भवन मात्र 10 साल पुरान बतावल जाता। हालांकि एs घटना के पीछे के कारण के जांच कईल जाता।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]