BHU के 102वां दीक्षांत समारोह: एह बेर तीन सत्र के 35,832 छात्रन के मिली उपाधि, 81 मेधावियन के पदक
Published on: Nov 17, 2022
काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) में 10 दिसंबर के 102वें दीक्षांत समारोह में एह बेर तीन साल के 35,832 छात्रन के उपाधि दीहल जाई। एकरे अलावा तीनों साल परीक्षा में बेहतर प्रदर्शन करे वाले 81 मेधावी
Share
काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) में 10 दिसंबर के 102वें दीक्षांत समारोह में एह बेर तीन साल के 35,832 छात्रन के उपाधि दीहल जाई। एकरे अलावा तीनों साल परीक्षा में बेहतर प्रदर्शन करे वाले 81 मेधावी विद्यार्थियन के पदक भी दिहल जाई। सबसे अधिक 2022 में 12,050 उपाधि बा जबकि 29 मेधावियन में पदक के वितरण होई।
विश्वविद्यालय में शैक्षणिक सत्र 2019-20, 2020-21 अउर 2021-22 खातिर होखे वाले समारोह खातिर मुख्य अतिथि के नाम पर आईआईटी बीएचयू के पूर्व छात्र नीलेश पर मुहर लगले के बाद अब दूसर तैयारी शुरू हो गइल बा। स्नातक, स्नातकोत्तर, पीएचडी, एमफिल, डीलिट आदि में स्वर्ण पदक पावे वालन के सूची भी फाइनल हो गइल बा।
तीनाें शैक्षणिक सत्र के उपाधियन के वितरण मुख्य समारोह के बाद संबंधित संकाय में कइल जाई। रेक्टर प्रो. वीके शुक्ला के अध्यक्षता में दीक्षांत समारोह खातिर गठित समितियन के संयोजक के बैठक में तैयारियन पर चर्चा कs के समीक्षा कइल गइल। रेक्टर संयोजकन के समय से सब तैयारी पूरा कइले के निर्देश दिहलें। उपाधि के बारे में छात्रन के संकाय से विस्तृत जानकारी मिली।
Tags:
Share this article






