Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BHU के 102वां दीक्षांत समारोह: एह बेर तीन सत्र के 35,832 छात्रन के मिली उपाधि, 81 मेधावियन के पदक

527
काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) में 10 दिसंबर के 102वें दीक्षांत समारोह में एह बेर तीन साल के 35,832 छात्रन के उपाधि दीहल जाई। एकरे अलावा तीनों साल परीक्षा में बेहतर प्रदर्शन करे वाले 81 मेधावी विद्यार्थियन के पदक भी दिहल जाई। सबसे अधिक 2022 में 12,050 उपाधि बा जबकि 29 मेधावियन में पदक के वितरण होई।
विश्वविद्यालय में शैक्षणिक सत्र 2019-20, 2020-21 अउर 2021-22 खातिर होखे वाले समारोह खातिर मुख्य अतिथि के नाम पर आईआईटी बीएचयू के पूर्व छात्र नीलेश पर मुहर लगले के बाद अब दूसर तैयारी शुरू हो गइल बा। स्नातक, स्नातकोत्तर, पीएचडी, एमफिल, डीलिट आदि में स्वर्ण पदक पावे वालन के सूची भी फाइनल हो गइल बा।
तीनाें शैक्षणिक सत्र के उपाधियन के वितरण मुख्य समारोह के बाद संबंधित संकाय में कइल जाई। रेक्टर प्रो. वीके शुक्ला के अध्यक्षता में दीक्षांत समारोह खातिर गठित समितियन के संयोजक के बैठक में तैयारियन पर चर्चा कs के समीक्षा कइल गइल। रेक्टर संयोजकन के समय से सब तैयारी पूरा कइले के निर्देश दिहलें। उपाधि के बारे में छात्रन के संकाय से विस्तृत जानकारी मिली।

डिलीवरी ब्वॉय का काम करने वाले छात्र को मिलेगा पदक

बीएचयू में दस दिसंबर के होखे वाले दीक्षांत समारोह में स्वर्ण पदक पावे वाले मेधावियन के सूची जारी हो चुकल बा। प्राचीन इतिहास विभाग के छात्र अभिषेक यादव के गोल्ड मेडल दिहल जाई। बुध के छात्र अभिषेक के सम्मानित कइलें। अभिषेक एगो कंपनी में डिलीवरी ब्वॉय के काम कs के इहाँ तक के सफर तय कइलें।

एक नजर में आंकड़ा

वर्ष             उपाधि             पदक 

2020         11750              26
2021         12032             26
2022          12050            29

382890cookie-checkBHU के 102वां दीक्षांत समारोह: एह बेर तीन सत्र के 35,832 छात्रन के मिली उपाधि, 81 मेधावियन के पदक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.