[the_ad_group id="30365"]

नीरज चोपड़ा कॉमनवेल्थ गेम्स से बहरा : 28 जुलाई से शुरू हो रहल बा टूर्नामेंट, वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप के दौरान लागल रहे चोट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओलिंपिक गोल्ड मेडलिस्ट नीरज चोपड़ा चोट के चलते कॉमनवेल्थ गेम्स में नाइ खेल पइहें। ई इवेंट 28 जुलाई से शुरू हो रहल बा। नीरज चोपड़ा के वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप में जेवलिन फाइनल के दौरान चोट लागल रहे। फाइनल के दौरान नीरज चोपड़ा अपने जांघ पर पट्टी लपेटत नजर आइल रहलें।

बर्मिंघम कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 में भारत के उम्मीद के बड़ झटका लागल बा। ओलिंपिक चैंपियन अउरी वर्ल्ड चैंपियनशिप में सिल्वर मेडल जीतके इतिहास रचे वाले नीरज चोपड़ा टूर्नामेंट में हिस्सा नाइ ले पइहें। भारत के ई स्टार जैवलिन थ्रोअर चोटिल बानें अउरी एकरा वजह से टूर्नामेंट से बाहर होखे के पड़ेला। CWG के शुरुआत 28 जुलाई से बर्मिंघम में होखी अउरी नीरज भारत के सबसे बड उम्मीद मानल जात रहले। अइसन में उनकर चोटिल होके टूर्नामेंट से बहरा होखल भारत खातिर बड़ झटका बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]