[the_ad_group id="30365"]

World Atheletics Championship: नीरज चोपड़ा के 88.13 मीटर के थ्रो के संगे सिल्वर मेडल पs कब्जा, दिलेवले विश्व चैंपियनशिप में ऐतिहासिक पदक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

World Atheletics Championship: भारत के खेल प्रेमियन खातिर खुशी के लम्हा बा। नीरज चोपड़ा  88.13 मीटर भाला फेंक के विश्व एथलेटिक्स चैंपियनशिप में सिल्वर मेडल जीत लेले बाड़े। 19 साल के बाद भारत विश्व चैंपियनशिप में ऐतिहासिक पदक जीत लेले बा।

अमेरिका के यूजीन में चल रहल वर्ल्ड एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में भारत के सर्वश्रेष्ठ जैबलिन थ्रोवर आ ओलम्पिक सवर्ण पदक विजेता सिल्वर मेडल जीत के इतिहास रच देले। बता दीं कि ई उनकर विश्व एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में पहिला पदक हs। 88.13 मीटर के थ्रो उनकर चउथका थ्रो सिल्वर मेडल जीत ला काफी रहल बाकिर एंडरसन पीटर्स के 90 मीटर के बेसी के थ्रो के पार ना कs सकले।

एही इवेंट में भारत के रोहित यादवो पहुंचल रहस। ऊ 78.72 मीटर भाला फेंक के 10 वां स्थान पs रहले।

फाइनल में नीरज के प्रदर्शन

पहिला थ्रो: फाउल

दुसरा थ्रो: 82.39 मीटर

तीसरा थ्रो: 86.37 मीटर

चउथा थ्रो: 88.13 मीटर

पांचवा थ्रो: फाउल

छठा थ्रो: फाउल

नीरज वर्ल्ड एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में सिल्वर जीते वाला पहिला भारतीय

39 साल से चल रहल विश्व एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में भारत के पहिला स्वर्ण जीते के सपना पूरा ना हो सकल। बाकिर, 19 साल बाद देश के एह चैंपियनशिप में कवनो मेडल मिलल बा। नीरज से पहिले अंजू बॉबी जार्ज 2003 में ब्रॉन्ज़ जीतले रहली। नीरज एह चैंपियनशिप में सिल्वर मेडल जीते वाला पहिला भारतीय एथिलीट बन गइल बाड़ें। एकरा साथे ऊ पहिला भारतीय पुरुष एथिलीट बाड़े जे एह चैंपियनशिप में कवनो पदक जीतले होखस।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]