[the_ad_group id="30365"]

वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंचले नीरज चोपड़ा, रोहित यादव भी कइले कमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टोक्यो ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीत के देश के नाम रोशन करे वाला नीरज चोपड़ा एक बेर फिर कमाल कइले बानें। ऊ वर्ल्ड एथलेटिक्स चैंपियनशिप के फाइनल में जगह बना लेहले बानें। अमेरिका के यूजीन में चल रहल प्रतियोगिता में नीरज अपने पहिलही प्रयास में 88.39 मीटर के दूरी तय कइलस अउरी फाइनल में जगह बनवले। नीरज के अलावा भारत के रोहित यादव भी फाइनल में जगह बना लेहले बानें। रोहित 80.42 मीटर के दूरी तय कइलस। एह प्रतियोगिता के फाइनल मुकाबला रविवार के होई। भारत के अन्नू रानी पहिलही महिला वर्ग के फाइनल में जगह बना चुकल बाड़ी।

एह प्रतियोगिता में 24 साल के नीरज के अलावा 34 अन्य एथलीट शामिल भइल रहने। सबके दू ग्रुप में रखल गइल रहे। नीरज पहिला ग्रुप में रहने अउरी रोहित के ग्रुप बी में रखल गइल रहल। नीरज अपने करियर का तीसरा बेस्ट थ्रो करत फाइनल में जगह बनवले बानें। नीरज अउरी रोहित सहित कुल 12 खिलाड़ी जैवलिन थ्रो के फाइनल में जगह बनवले बानें। चेक गणराज्य के जाकुब वादलेज्च पहिले कोशिश में 85.23 मीटर दूर भाला फेंक के फाइनल में जगह बनवले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]