[the_ad_group id="30365"]

एनसीसी ग्रुप, गोरखपुर के प्रदेश में दूसरा स्थान, सीएम योगी कइलें उत्साहवर्धन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एनसीसी ग्रुप, गोरखपुर के गाजियाबाद में भइल राज्य स्तरीय प्रतियोगिता (इंटर ग्रुप कंपटीशन) में प्रदेश में दूसरा स्थान मिलल बा। एह सफलता के हासिल करे वाले सब 48 कैडेटन से सीएम योगी आदित्यनाथ गोरखनाथ मंदिर में मिलनें अउर उनकर उत्साहवर्धन कइलें।

मुख्यमंत्री कैडेट के उत्तम प्रशिक्षण देवे खातिर उहां पर उपस्थित ग्रुप कमांडर ब्रिगेडियर दीपेंद्र रावत, उप ग्रुप कमांडर कर्नल आरआर चंदेल, 44 बटालियन के कमान अधिकारी कर्नल सतीश कुमार कनवर, सूबेदार प्रशान्त सिंह सहित सब सैन्य अधिकारियन के बधाई दिहलें।

एनसीसी ग्रुप गोरखपुर के ग्रुप कमांडर ब्रिगेडियर दीपेंद्र रावत कहनें कि मुख्यमंत्री से मुलाकात अउर उत्साहवर्धन से हमनीके सब जनी अपने आपके गौरवान्वित महसूस कs रहल बानीं जा। एह मुलाकात से सब कैडेटों के मनोबल ऊंच भइल बा।

ब्रिगेडियर रावत बतवलें कि एही 48 कैडेटन में से 11 कैडेट जेमें प्रहलाद सिंह, शिव कुमार साहनी, सुन्दरम कुमार द्धिवेदी, हरीश तिवारी, कोशल ओझा, शिवानी यादव, प्रीति यादव, निधी सोनी, सृजल श्रेष्ठा एवं अंशिका पांडेय के चयन अगिले साल होखे वाले गणतंत्र दिवस परेड में भइल बा।

गणतंत्र दिवस परेड में राष्ट्रपति के सलामी दीहें कैडेट लोग : कर्नल चंदेल

उप कमांडर कर्नल आरआर चंदेल बतवलें कि एह कैडेटन में से 11 कैडेट गणतंत्र दिवस परेड में महामहिम राष्ट्रपति के सलामी दीहें। ई जानकारी एनसीसी ग्रुप मुख्यालय के मीडिया प्रभारी मदन मुरारी शुक्ल दिहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]