[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर महायोजना: अभिन रोजाना सौ लोग के बुलावत रहल जीडीए, आज से बढ़ी संख्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर महायोजना 2031 के प्रारूप के आपत्तियन पर सुनवाई खातिर गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) अब रोजाना 100 से ज्यादा अपत्तिकर्ता के बुलइहें।

अभिन दू दिन सुनवाई भइल बा। दूनों दिन 100-100 लोग के ही आपन पक्ष रखे के प्राधिकरण बुलवले रहनें। नई महायोजना के प्रारूप के ले के डेढ़ महीना के भीतर करीब 11 हजार लोग आपत्ति दर्ज करवलें बानें। 27 अउर 28 नवंबर के अवकाश के वजह से सुनवाई नइखे भइल।

योगीराज बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह में मंगर से फिर सुनवाई के क्रम शुरू होई। जीडीए, आपत्ति संख्या 301 से 400 तक के आपत्तिकर्ता के बुलावे के सथही सोमार के जौने 201 से 300 तक के आपत्तिकर्ता के पहिले बुलावा भेजल जा चुकल रहे, उनकरो सुनवाई मंगर के करी।

जीडीए सचिव यूपी सिंह बतवलें कि मंगर के कुल 200 आपत्तिकर्ता के सुनवाई होई। एही तरह बुध के यानी 30 नवंबर के करीब 700 लोग के सुनवाई होई। ई सब आपत्तिकर्ता लोग महादेव झारखंडी टुकड़ा नंबर 2 स्थित आदर्श नगर, गैस गोदाम रोड ,सरवन नगर, प्रज्ञापुरम, साईं धाम ,वसुंधरा नगर, आदि क्षेत्र से जुड़ल बानें। 2031 महायोजना में एह क्षेत्रन के खुलहा क्षेत्र दिखावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]