[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी आजु करिहें 504 करोड़ रुपया के निवेश परियोजना के शिलान्यास अउर लोकार्पण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुध के गीडा दिवस पर 504 करोड़ रुपया के निवेश परियोजना के शिलान्यास अउर लोकार्पण करिहें। एहमें प्लास्टिक पार्क, रेडीमेड गारमेंट पार्क अउर फ्लैटेड फैक्ट्री के शिलान्यास शामिल बा। निवेश परियोजना के शुरूआत से 3400 लोगन के रोजगार मिलले के दावा कइल जा रहल बा।

देर साँझ गीडा कार्यालय के लग्गे आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री 260 करोड़ रुपया के 49 विकास परियोजना के शिलान्यास अउर लोकार्पण भी करिहें। एहमें बिजली, पानी अउर सड़क से संबंधित विकास कार्य शामिल बा। एह दौरान 1200 करोड़ रुपया के निवेश परियोजना के निवेशकन के भूमि आवंटन के प्रमाणपत्रो दीहें। समारोह में अलग-अलग उत्पादन के स्टाल के अवलोकनो करिहें।

शिलान्यास वाला परियोजना में 27.26 करोड़ के सेक्टर-27 में 132 केवी के विद्युत उपकेंद्र, 69.58 करोड़ के सेक्टर-28 में प्लास्टिक पार्क, 33.92 करोड़ के सेक्टर-13 में फ्लैटेड फैक्ट्री के निर्माण शामिल बा। 12.06 करोड़ के लागत से भीटी रावत गीडा सेक्टर-26 में विद्युत उपकेंद्र के लोकार्पण भी कइल जाई। जबकि 189.40 करोड़ के 32 विकास कार्यन के शिलान्यास अउर 70.24 करोड़ रुपया के 17 विकास कार्य के लोकार्पण भी सीएम करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]