[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रीय खेल पुरस्कार 2022: खेल पुरस्कारन के एलान, टेबल टेनिस खिलाड़ी शरत कमल के खेल रत्न, देखीं पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय खेल पुरस्कार 2022 के लिए खिलाड़ियन अउर कोच के नाम के एलान हो चुकल बा। टेबल टेनिस खिलाड़ी शरत कमल अंचता के खेल रत्न पुरस्कार खातिर चुनल गइल बा। अर्जुन अवॉर्ड खातिर 25 खिलाड़ियन के चुनल गइल बा। सात कोच द्रोणाचार्य अवॉर्ड से सम्मानित होइहें। उहवें, चार खिलाड़ी ध्यानचंद अवॉर्ड से सम्मानित कइल जइहें। राष्ट्रपति द्रोपदी मुर्मू 30 नवंबर के सब खिलाड़ियन अउर कोच के ई पुरस्कार दीहें।

मेजर ध्यानचंद खेल पुरस्कार हासिल करे वाले शरत कमल अचंता कई साल से टेबल टेनिस में भारत के नाम रोशन कर रहल बानें। एह साल राष्ट्रमंडल खेल में भी ऊ शानदार प्रदर्शन कइलें। अचंता शरत कमल एह साल राष्ट्रमंडल खेल में तीन स्वर्ण अउर एक रजत पदक अपने नाम कइलें। एकरे बाद उनके एह पुरस्कार के लिए चुनल गइल बा। शरत के नाम राष्ट्रमंडल खेल में कुल सात स्वर्ण, तीन रजत अउर तीन कांस्य पदक बा। एशियाई खेल अउर एशियन चैंपियनशिप में ऊ दो-दो कांस्य जीतले बानें। शरत कमल खेल रत्न पावे वाले दूसरे टेबल टेनिस खिलाड़ी बानें। उनसे पहिले मनिका बत्रा के ई पुरस्कार दिहल जा चुकल बा।

अर्जुन अवॉर्ड खातिर चुनल गइल अधिकतर खिलाड़ी राष्ट्रमंडल खेल 2022 में भारत खातिर पदक लेकर आइल रहनें। एहमें बैडमिंटन के युवा स्टार लक्ष्य सेन अउर महिला मुक्केबाज निकहत जरीन, शतरंज खिलाड़ी आर प्रज्ञानानंद अउर पहलवान अंशु मलिक भी शामिल बानें। एह साल क्रिकेट के कौनो खिलाड़ी अर्जुन अवॉर्ड खातिर नाइ चुनल गइल बा।

कौने खिलाड़ी के कौन सा अवॉर्ड

मेजर ध्यानचंर खेल रत्न अवॉर्ड

खिलाड़ी खेल
शरत कमल अचंता टेबल टेनिस

 

अर्जुन अवॉर्ड 

खिलाड़ी खेल
सीमा पुनिया एथलेटिक्स
एल्डहॉस पॉल एथलेटिक्स
अविनाश मुकंद साबले एथलेटिक्स
लक्ष्य सेन बैडमिंटन
एचएस प्रणय बैडमिंटन
अमित पंघाल बॉक्सिंग
निकहत जरीन बॉक्सिंग
भक्ति प्रदीप कुलकर्णी चेस
रमेशबाबू प्रज्ञानानंदा चेस
दीप ग्रेस इक्का हॉकी
शुशीला देवी जूडो
साक्षी कुमारी कबड्डी
नयन मोनी साक्या लॉन बॉल
सागर कैलास ओवहलकर मलखंभ
एलावेनिवलारिवन शूटिंग
ओमप्रकाश मिथरवाल शूटिंग
श्रीजा अकुला टेबल टेनिस
विकास ठाकुर वेटलिफ्टिंग
अंशु कुश्ती
सरिता कुश्ती
प्रवीण वुशू
मानसी गिरिशचंद्र जोशी पैरा बैडमिंटन
तरुण ढिल्लों पैरा बैडमिंटन
स्वप्निल संजय पाटिल पैरा स्विमिंग
जेर्लिन अंकिता जे डीफ बैडमिंटन

लाइफटाइम अचीवमेंट खातिर ध्यानचंद पुरस्कार

खिलाड़ी खेल
अश्विनी अकुंजी सी एथलेटिक्स
धर्मवीर सिंह हॉकी
बीसी सुरेश कबड्डी
नीर बहादुर गुरुंग पैरा एथलेटिक्स

द्रोणाचार्य अवॉर्ड

सामान्य कैटेगरी

कोच खेल
जीवनजोत सिंह तेजा तीरंदाजी
मोहम्मद अली कमर बॉक्सिंग
सुमा सिद्धार्थ शिरुर पैरा शूटिंग
सुजीत मान कुश्ती

लाइफटाइम कैटेगरी

कोच खेल
दिनेश जवाहर लाड क्रिकेट
बिमल प्रफुल्ल घोष फुटबॉल
राज सिंह कुश्ती

खेल प्रोत्साहन पुरस्कार 2022

कैटेगरी संस्थान
युवा खिलाड़ियन के पहचान अउर प्रोत्साहन खातिर ट्रांसस्टाडिया इंटरप्राइजेज
खेल के बढ़ावा देवे खातिर कलिंगा इंस्टीट्यूट ऑफ इंड्रस्टियल टेक्नोलॉजी
विकास खातिर खेल लद्दाख स्की एंड स्नोबोर्ड एसोसिएशन
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]