[the_ad_group id="30365"]

सानिया मिर्जा के जन्मदिन प शोएब मलिक रोमांटिक अंदाज में कइलें विश, तलाक के खबर बा वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टेनिस स्टार सानिया मिर्जा के आज उनकर क्रिकेटर पति शोएब मलिक जन्मदिन के बधाई देले बाड़ें। शोएब के ई रोमांटिक बधाई संदेश एहिसे बहुते खास बा काहेकि पिछला कुछ दिन से सानिया आ शोएब मलिक के बीचे तलाक के खबर तेजी से वायरल हो रहल बा।

सानिया अभी तक तलाक के खबरन प प्रतिक्रिया नइखीं देले

हालांकि शोएब मलिक के बर्थ डे विश कइला प सानिया मिर्जा कवनो रिप्लाई नइखी देलें। बाकिर शोएब रोमांटिक तस्वीर शेयर कइले बाड़ें। शोएब आ सानिया मिर्जा के बीच अनबन के खबर यूएई से सामने आइल रहे। मीडिया अइसन खबर प्रकाशित कइले रहे कि सानिया मिर्जा आ शोएब मलिक अपना लईका के ज्वाइंट पैरेटिंग कर रहल बा लो, बाकिर ऊ दुनो अलग-अलग घर में रह रहल बा लो।

एगो टाॅक शो के साथ में होस्ट करी लो सानिया आ शोएब

तलाक के खबरन के सानिया भा शोएब खंडन त नइखे कइले लो, बाकिर अइसन खबर सामने आ रहल बा कि सानिया आ शोएब मलिक एगो टाॅक शो के साथ में होस्ट करी लो। ई एगो पाकिस्तानी शो होई जवना के नाम दि मिर्जा-मलिक शो होई। एकरा बारे में शोएब मलिक ट्‌वीटो कइलें बाड़ें।

2010 में भइल रहे सानिया आ शोएब के बियाह 

सानिया मिर्जा आ शोएब मलिक के बियाह 2010 में भइल रहे। एह लो के एगो बेटा बा, जवना के जन्म 2018 में भइल रहे। एह लईका के पैरेंटिंग दुनो मिलके कर रहल बा लो। लईका के नाम इजहान मिर्जा मलिक ह। गौर करे आला बात बा कि सानिया मिर्जा आ शोएब मलिक के बीच तलाक के खबर एकरा पहिलहू सामने आइल रहे, हालांकि ओह वक्त सानिया आ शोएब तसवीर पोस्ट क के तलाक के खबरन के खारिज क देले रहे लो।

सानिया ने विंबलडन डबल्स के खिताब जीतले रहली

सानिया मिर्जा के भारतीय टेनिस के सनसनी कहल जात रहे।  सानिया विंबलडन डबल्स मुकाबला में जीत दर्ज क के इतिहास रचले रहली। उनका के अर्जुन पुरस्कारो नवाजल गइल रहे। सानिया मिर्जा के सगाई पहिले सोहराब से भइल रहे, बाकिर बियाह ना हो सकल रहे। बाद में सानिया मिर्जा के बियाह शोएब मलिक से भइल रहे। सानिया मिर्जा तेलंगाना के ब्रांड एंबेसेडर रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]