[the_ad_group id="30365"]

नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा दिल्ली में विपिन यादव के चयन पर भइल सम्मान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभियान थिएटर ग्रुप के रंगकर्मी विपिन यादव के राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय, न्यू दिल्ली में चयनित होखले के अवसर पs सम्मान समारोह आयोजित कइल गइल | सम्मान समारोह में शहर के रंगकर्मी अउर साहित्यकार उपस्थित रहने लोग। मुख्य अतिथि के रूप में भारतेंदु नाट्य अकादमी के अध्यक्ष रविशंकर खरे जी रहनी। विशिष्ट अतिथि के रूप में प्रोफ़ेसर भारत भूषण अउर डॉ.शरद मणि त्रिपाठी जी रहनी। एह पूरा कार्यक्रम के अध्यक्ष वेद प्रकाश पांडे जी रहने। मुख्य अतिथि भारतेंदु नाट्य अकादमी के अध्यक्ष रविशंकर खरे जी कहने कि श्री नारायण पांडे जी देश भर में नाम रोशन कइले बानें। ऊ इहो बतवनें कि जइसे एक समय में प्रोफेसर गिरीश रस्तोगी के नाम रंगमंच के क्षेत्र में पूरे देश में मशहूर रहल आज ओही तरे श्री नारायण पांडे के नाम पूरे देश में फैल चुकल बा । विशिष्ट अतिथि डॉ. शरद मणि त्रिपाठी कहने कि जब गोरखपुर के रंगमंच के हालत बहुत खराब रहल तब श्री नारायण पांडे इहवाँ रंगमंच कइले के साहस उठवनें, ऊ भागीरथी प्रयास कइने, रंगमंच के बहुत आगे बढ़वनें, एकर कारण अटूट परिश्रम अउर समर्पण बा। विशिष्ट अतिथि प्रोफेसर भारत भूषण जी कहने कि पांडे सर अपने शिष्यन के निखरले खातिर बहुत डांट लगावेने अउर अंततः परिणाम निम्मन होला। ऊ विपिन यादव के उनके भविष्य खातिर शुभकामना देहनें। कार्यक्रम के अध्यक्ष वेद प्रकाश पांडे जी कहनें कि लोग आई.ए.एस अउर आई.पी.एस के भुला जाला लेकिन कलाकार के कब्बो नाइ भुलाला। ऊ विपिन यादव के निम्मन भविष्य के कामना कइने अउर कहने कि एक दिन ई सब के नाम रोशन करिहें। एह कार्यक्रम के संयोजक अउर अभियान थिएटर ग्रुप के निर्देशक श्री नारायण पांडे सगरी अतिथि लोग के स्वागत कइने अउर ई बतवनें की विपिन यादव एगो किसान परिवार से आवेने अउर ऊ सात साल के कड़ा मेहनत क के पूरा गोरखपुर मंडल के नाम रोशन कइने , आज ले गोरखपुर मंडल से बस 3 लोग के राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय में चयन भइल बा अउर सौभाग्य से ऊ तीनों अभियान के कलाकार रहने। ऊ विपिन यादव के शुभकामना अउर आशीर्वाद देहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]