Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 गो बड़ खबर

229
  1. बिहार: शराबबंदी, दु बेर पियत धरइला पs 5 से 50,000 के जुर्माना देके छूटे के प्रावधान बनल। तीसरा बेर नशा में मिलला पs सीधे जेल।
  2. बिहार: बिहने आई बिहार बोर्ड के दसवां के रिजल्ट, 16 लाख से बेसिआई छात्र-छात्रा देले रहले परीक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: 24 गो जिला में अंग्रेजी के परीक्षा रद्द, अब 13 अप्रिल के होई, पेपर जहां से छपल रहे ओजा के कर्मी हिरासत में लिहल गईल लो।
  4. उत्तर प्रदेश: बसपा नेता के 50 करोड़ के अवैध संपत्ति पर चलल बुलडोजर, नोटिस के जबाब ना देला पs भइल कारवाई।
  5. झारखंड: दुमका के इंडोर स्टेडियम में ईस्ट जॉन बैडमिंटन चैंपियनशिप के आगाज, 6 राज्य के 150 खेलाडी के रहल बा लो भाग।
  6. राजस्थान: राज्य स्थापना दिवस- राष्ट्रपति, पीएम मोदी के लोगन के बधाई।
  7. पाकिस्तान: सियासी घमासान, इमरान के आर्मी आ आईएसआई चीफ से मुलाकात के बाद नाया मोड़, आज साँझ के राष्ट्र के नावे संबोधन टालल गइल।
  8. खुसखबरी: केंद्रीय कर्मचारी लोगन खातिर कैबिनेट 3 % महंगाई भत्ता बढ़वलस, 1 जनवरी 2022 से लागू होई, 50 लाख कर्मचारी आ 65 लाख पेन्सनर लो के मिली फायदा।
  9. सेंसेक्स: आज शेयर बाजार में बड़हन उछाल, 750 अंक बढ़ के भइल बन।
  10. आईपीएल: कोलकाता-बंगलोर के मैच अब से कुछ देर में।
233830cookie-checkसाँझ के 10 गो बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.