[the_ad_group id="30365"]

सायरस मिस्त्री के कार के चिप जाई जर्मनी? मर्सिडीज करी डिकोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टाटा सन्स के पूर्व चेयरमैन साइरस मिस्त्री के सड़क हादसा में मौत के बाद कई सवाल खड़ा हो रहल बा। मिस्त्री के मौत के ले के मुंबई पुलिस पूछताछ भी कs रहल बा। महाराष्ट्र के पालघर पुलिस कार निर्माता कंपनी से कई सवाल कइले बा।

पालघर पुलिस के सवाल

हादसा के बाद कार में लागल एयरबैग काहें नाइ खुलल? कार में कौनो मैकेनिकल दिक्कत रहल? कार में ब्रेक फ्लुइड का रहल? टायर के दबाव का रहल? कार निर्माता कंपनी के जांच में दुर्घटना के का कारण बा? का टक्कर के बादो स्टीयरिंग लॉक हो गइल रहल?

जर्मनी भेजल जाई चिप

एह सब सवाल के जवाब कार निर्माता टीम अपने रिपोर्ट में देई। एजेंसी सूत्र के मुताबिक, कार निर्माता कंपनी पालघर पुलिस के जानकारी देहले बिया कि गाड़ी के डाटा रिकॉर्डर चिप जर्मनी भेजल जाई। एसयूवी के बारे में जादा जानकारी जर्मनी से डिकोड कइला के बाद मिली। दुर्घटना के समय गाड़ी के स्पीड का रहे? दुर्घटना के समय ब्रेक, एयर बैग अउरी बाकी पार्ट कइसे काम करत रहे? चिप के डिकोड होखला के बाद पूरा जानकारी मिल जाई।

समय के गणना अउरी अलग-अलग सीसीटीवी के फुटेज के माध्यम से गाड़ी के गति के बारे में जानकारी दिहल जाई। दुर्घटना के समय गाड़ी के रफ्तार का रहे, डेटा रिकॉर्डर से जानकारी मिलला के बाद पता चल जाई।

पुलिस कई पहलु के जांच कर रहल बिया

सूत्र के मुताबिक साइरस मिस्ट्री अउरी लोग के संगे रविवार के दुपहरिया 1:25 बजे उड़वाड़ा से निकलल रहले। दुर्घटना सुबह करीब 2:28 बजे भइल। उ 1 घंटा 2 मिनट में करीब 60 से 65 किलोमीटर के दूरी तय कइले रहलें। पुलिस इहो जांच करतिया कि मिस्त्री के गाड़ी रास्ता में रोकल गइल रहे कि गाड़ी तेज रफ्तार से जात रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]