[the_ad_group id="30365"]

उत्तर प्रदेश में जाम से मिली राहत, सब हाईवे होइहें दू लेन चौड़ा, एह जिला सब में परियोजना के मिलल मंजूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोक निर्माण विभाग के मंत्री ज़ितिन प्रसाद बतवलें कि जल्द प्रदेश के समस्त राज्य राजमार्ग कम से कम दू लेन चौड़ा हो जइहें। दू लेन चौड़ा होखले से बचल रह गइल राज्य राजमार्गन के 13 परियोजना के कार्ययोजना स्वीकृत कर देहल गइल बा। मुख्यमंत्री के ओर से एकरे खातिर अनुमोदन दे दिहल गइल बा। ज़ितिन प्रसाद कहलें कि प्रदेश के समस्त राज्य राजमार्गन पर सुगम यातायात खातिर कम से कम 2 लेन चौड़ा कइले के उद्देश्य से 260 किलोमीटर लंबाई वाली 13 परियोजना पर जल्द काम शुरू होई। एह काम पर 753 करोड़ रुपया के खर्च आई।

पूरा प्रदेश में कौनो भी राज्य राजमार्ग 2 लेन से कम चौड़ा नाइ बची। एह 13 परियोजना में जनपद फतेहपुर के तीन परियोजना, शाहजहांपुर, जालौन के 2-2 परियोजना जबकि गाजीपुर, प्रयागराज, वाराणसी, बरेली, मिर्जापुर, प्रतापगढ़ के एकहक परियोजना शामिल बा। उ कहलें कि लोक निर्माण विभाग आम जनमानस के अच्छी गुणवत्ता के सड़क उपलब्ध करावे खातिर उच्च स्तरीय तकनीक के भी इस्तेमाल कs रहल बा। एसे लोग के आरामदायक अउरी तीव्रगति के आवागमन सुविधा मिल सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]