[the_ad_group id="30365"]

अभियान चला के पत‍ि-पत्‍नी के एक जगही पs तैनात करी रेलवे, बोर्ड जारी कइलस आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे में एक संगे काम कर रहल पति पत्नी के एक जगही पर तैनाती खातिर रेलवे अभियान चलाई। एकरे खातिर रेलवे बोर्ड महाप्रबंधकन के पत्र लिख के दिशा निर्देश जारी कइलें बा। बोर्ड एकरे खातिर 16 सितंबर तक के समय दिहले बा।

रेलवे में एक संगे काम करेवाला पति-पत्नी के बीच के दूरी खतम हो जाई। अब इ लोग नजदीक रह के आपन वैवाहिक जीवन के सुखद बना के रेलवे के विकास करीहे। रेलवे बोर्ड भारतीय रेलवे स्तर प एक दूसरा से दूर रह के रेल सेवा में लागल ए जोड़ा के भावना के गहराई से समझलेबा।

बोर्ड 16 सितंबर ले के देहले बा समय

रेलवे बोर्ड के अध्यक्ष विनय कुमार त्रिपाठी रेलवे के तमाम महाप्रबंधक लोग के चिट्ठी लिख के पति-पत्नी के नजदीक ले आवे के काम कइलें बानें। उ 16 सितंबर तक महाप्रबंधक के समय देहले बाने। एकरा संगे-संगे इहो कहल गइल बा कि एगो अभियान चला के एक संगे एक जगह (मुख्यालय, डिवीजन अउरी फैक्ट्री आदि) ए लोग के तैनात क के रेल मंत्रालय के जानकारी देवे।

रेलवे बोर्ड के अध्यक्ष सब महाप्रबंधक के लिखलें चिट्ठी

ए चिट्ठी के माध्यम से रेलवे बोर्ड के अध्यक्ष कहले बाने कि आवेदन मिलला के बाद भी ए जोड़ी के एक जगह तैनात नाइ रहले के शिकायत मिलsता। महाप्रबंधक के खुद लंबित स्थानांतरण आवेदन पs विचार करे में रुचि लेवे के चाही अउरी कवनो कीमत प एकर निपटारा करे के चाही।

रेलकर्मियन के बेहतर वातावरण प्रदान करे खातिर समय समय पर आवश्यक निर्णय लिहल जाला। एही क्रम में स्पाउस के आधार पर पेंडिंग ट्रांसफर मामिला के प्राथमिकता के आधार पर निपटारा करे खातिर निर्देश दिहल गइल बा। – पंकज कुमार सिंह, मुख्य जनसंपर्क अधिकारी- पूर्वोत्तर रेलवे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]