[the_ad_group id="30365"]

नेशनल एथलेटिक्स फेडरेशन कप: टोक्यो ओलिंपिक के बाद पहिला बेर सामिल होइहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा के कलिंगा स्टेडियम में चल रहल नेशनल एथलेटिक्स फेडरेशन कप में बुध के जेवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा फाइनल में उतरिहें। उनका संगे पेरिस ओलिंपिक के कोटा हासिल कs चुकल थ्रोअर किशोर जेना होई।

चोपड़ा 2021 टोक्यो ओलिंपिक में गोल्ड जीतला के बाद पहिला बेर नेशनल चैंपियनशिप में भाग ले रहल बाडें। नीरज आ जेना डायरेक्ट फाइनल में भाग लिहें। बुध के जेवलिन के फाइनल में मंगर के 75 मीटर से जादे फेंके वाला सब थ्रोअर के मवका मिली।

तेजिंदर पाल सिंह आ जेस्विन एल्ड्रिन जीतल लो गोल्ड

एशियन गेम्स के गोल्ड मेडलिस्ट शॉटपुटर तेजिंदर पाल सिंह तूर आ लॉन्ग जंपर जेस्विन एल्ड्रिन मंगर के अपना-अपना इवेंट में गोल्ड मेडल जीतलें सs। बाकिर दुनो पेरिस ओलिंपिक के क्वालिफाइंग मार्क ना छू सकल लो।

शॉटपुट में तूर 20.38 मीटर के संगे गोल्ड जीतलें। बाकिर ऊ पेरिस ओलिंपिक के क्वालिफाइंग मार् 21.50 मीटर से पीछे रह गइलें। तूर के श्रेष्ठ थ्रो 21.77 मीटर के रहल बा। मध्य प्रदेश के समरदीप सिंह (18.93) सिल्वर आ यूपी के आर्यन त्यागी (18.07) ब्रॉन्ज मेडल जीतलें।

ओहिजा, लॉन्ग जंप में एल्ड्रिन 7.99 मीटर के छलांग के संगे गोल्ड जीतलें। केरल के मोहम्मद अनीस 7.83 के संगे सिल्वर आ मध्य प्रदेश के आदित्य कुमार सिंह 7.81 मीटर के संगे ब्रॉन्ज जीतलें।

पोलवॉल्ट में रोजी मीना जीतली गोल्ड 

पोलवॉल्ट में रोजी मीना 4.05 मीटर के संगे गोल्ड जीतलें। रोसी 4.21 मीटर के राष्ट्रीय रिकॉर्ड से चूक गइली जवन ऊ पिछला साल खुद बनवले रहली। तमिलनाडु के बारानिका इलांगोवेन सिल्वर आ केरल के मारिया जइसन ब्रॉन्ज मेडल जीतलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]