[the_ad_group id="30365"]

Paris Olympics 2024 : रेसलर अमन सहरावत हासिल कइलें भारत खातिर पेरिस ओलंपिक कोटा, दीपक के ना मिलल सफलता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशियाई चैंपियन अमन सहरावत तुर्किये में विश्व कुश्ती ओलंपिक क्वालिफायर में पुरुषन के 57 किग्रा फ्रीस्टाइल वर्ग में भारत खातिर पेरिस 2024 कोटा हासिल कइलें। ओहिजा, दीपक पूनिया असफल रहलें। ऊ पहिलके राउंड में बाहर हो गइलें।

भारत खातिर ई छठा पेरिस ओलंपिक 2024 कुश्ती कोटा हs, जबकि पुरुषन के डिवीजन में पहिला हs। पिछलका सब पांच कोटा भारतीय महिला पहलवान हासिल कइले रहे लो।

अंडर 23 विश्व चैंपियन सहरावत सेमीफाइनल में डेमोक्रेटिक पीपुल्स रिपब्लिक ऑफ कोरिया के चोंगसोंग हान के 12-2 से हरवलें। इस्तांबुल प्रतियोगिता पहलवानन खातिर आवे वाला ओलंपिक खेलन खातिर कोटा प्राप्त करे के आखिरी मवका बा। हर भार वर्ग में तीन कोटा दांव पs बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]