[the_ad_group id="30365"]

Natasa Stankovic Net Worth: जानीं केतना बा नताशा स्टानकोविच के नेटवर्थ, कइसे कमइली करोड़न रुपिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम के स्टार ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या अपना पत्नी नताशा स्टानकोविच से अलग हो गइल बाड़ें। दुनो लोग बियफे के अपना-अपना इंस्टाग्राम पs एगो पोस्ट लिखके ई जानकारी दिहल लो। एही के संगे दुनो के तकरीबन चार साल के रिश्ता खत्म हो गइल। नताशा अइसे तs बॉलीवुड में 2012-13 से काम कs रहल बाड़ी। बाकिर हार्दिक से बियाह कइला के बाद उनकर शोहरत रातो-रात बढ़ गइल।

नताशा एड फिल्म, एंडोरसमेंट, म्यूजिकल वीडियो में काम कइली। एकरा माध्यम से ऊ आपन कमाई कइली। हार्दिक से बियाह के बादो उनकर काम जारी रहल आ उनकर कमाइयो। हमनी के रउआ के बताएम सs कि तलाक के बेरा नताशा के नेटवर्थ केतना बा।

नताशा के लगे केतना पईसा?

एगो अनुमान के मोताबिक नताशा के नेटवर्थ तकरीबन 20 करोड़ रुपिया बा। ऊ ई रकम मॉडलिंग, डांस, विज्ञापन के माध्यम से बा। आगहूं ऊ बॉलीवुड में काम जारी रखके आपन कमाई करिहें। एकरा अलावा तलाक के बाद हार्दिक से उनका एलिमनी मिल सकत बा आ ई रकम अच्छा खासा हो सकत बा। एकरा बाद नताशा के नेटवर्थ में आउर इजाफा हो सकत बा।

सर्बिया के हई नताशा

नताशा सर्बिया के हई। ओहिजा, उनकर जन्म भइल। बॉलीवुड के चकाचौंध नताशा के अपना ओर खींचलस आ ऊ ह इहां आ गइली। बॉलीवुड में आके ऊ मॉडलिंग कइली, फेर धीरे-धीरे आपन गोड़ जमवली। नताशा के डांस के चरचो जमके होला। ऊ कइयन म्यूजिकल वीडियो में नजर अइली। कुछ दिन पहिले, हालांकि ऊ अपना बेटा के लेके मुंबई छोड़के सर्बिया चल गइल बाड़ी। अब देखे के होई कि ऊ बॉलीवुड में कब वापसी करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]