[the_ad_group id="30365"]

नरेंद्र मोदी तीसरका बेर लीहें प्रधानमंत्री पद के शपथ, दिल्ली के घोषित कइल गइल No Flying Zone, आदेश जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नरेंद्र मोदी तीसरका बेर देश के प्रधानमंत्री बने जा रहल बाड़े। एनडीए गठबंधन के संसदीय पार्टी के बैठक में एकरा पs फैसला सर्वसम्मति से लिहल गईल बा। नरेंद्र मोदी 9 जून के प्रधानमंत्री के शपथ लीहे। एकर तइयारी भी शुरू हो गइल बा। नरेंद्र मोदी 7 जून के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू से मुलाकात कईले अवुरी सरकार बनावे के प्रस्ताव रखले। एह दौरान उs सभ सांसद के सहमति के दस्तावेज भी राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के दे देले। अयीसना में नरेंद्र मोदी 9 जून के प्रधानमंत्री के शपथ लेवे वाला बाड़े। अबकी बेर मंत्रिमंडल में एनडीए के घटक बहुमत में रहीहें.

दिल्ली पुलिस अधिसूचना जारी कइलस

बता दीं कि दिल्ली पुलिस के ओर से ए संबंध में एगो आधिकारिक प्रेस नोट भी जारी भईल बा। नरेंद्र मोदी के शपथ ग्रहण समारोह के लेके दिल्ली में धारा 144 लगावल गईल बा। दिल्ली में 9 आ 10 जून खातिर नो फ्लाइंग जोन घोषित कs दिहल गइल बा. बता दीं कि लोकसभा चुनाव 2024 में भाजपा के बहुमत के आंकड़ा नइखे मिलल. अइसना में भाजपा दोसरा दलन के सहयोग से एनडीए सरकार बनावे जा रहल बिया. एs संबंध में 7 जून के भईल संसदीय पार्टी के बैठक में नरेंद्र मोदी के तीसरा बेर सर्वसम्मति से प्रधानमंत्री चुनल गईले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]