[the_ad_group id="30365"]

नरेंद्र मोदी आडवाणी आ मुरली मनोहर जोशी से कइलें मुलाकात, तीसरका बेर PM पद के शपथ से पहिले लेलें आसिरबाद 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एनडीए संसदीय दल के नेता चुनल गइला के बाद नरेंद्र मोदी पूर्व उप प्रधानमंत्री लाल कृष्‍ण आडवाणी से मिले पहुंचलें। ऊ इहां पीएम पद के शपथ लेवे से पहिले उनकर आशीर्वाद लेवे पहुंचलें। एह दौरान ऊ वरि‍ष्‍ठ भाजपा नेता के गुलदस्‍ता भेंट कइलें। उहां आडवाणी के बेटी प्रतिभा संगही मवजूद रहली।

एकरा बाद ऊ वरिष्‍ठ भाजपा नेता मुरली मनोहर जोशी से मुलाकात करे पहुंचलें। मालूम होखे कि दुनो नेता भाजपा के दुगो सीटन से आगे बढ़ाके सरकार बनावे जेतना बहुमत हासिल करे में बड़ भूमिका निभवले बा लो।

एकरा पहिले संविधान सदन के सेंट्रल हाल में एनडीए संसदीय दल के बैठक में नरेंद्र माेदी के लगातार तीसरका बेर दल के नेता चुनल गइल। अतवार 9 जून के राष्‍ट्रपति‍ भवन में प्रधानमंत्री के पद आ गोपनीयता के शपथ लिहें। उनका संगे आउर मंत्री लोग शपथ ली।

मालूम होखे कि एनडीए ‘अबकी बेर 400 पार’ सीटन के नारा के संगे चुनाव में उतरल रहे, बाकिर चार जून के आइल नतीजन में 300 के आंकड़ा तक ना छू सकल, ओकरा 293 सीट ह‍ासिल भइल; जवन बहुमत 272 सीट के आंकड़ा से बहुत जादे बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]