[the_ad_group id="30365"]

भारतवंशी लक्ष्मण नरसिंह्मन होइहें स्टारबक्स के नए सीईओ, अगिला साल सम्हरिहें नयका प्रभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुनिया के दिग्गज कॉफी कंपनी स्टारबक्स भारतवंशी लक्ष्मण नरसिंह्मन के नयका मुख्य कार्यकारी अधिकारी बनवल बिया।

55 साल के नरसिंह्मन लंदन से अमेरिका भेजल जइहें। ऊ एक अप्रैल 2023 के सीईओ बनिहें। स्टारबक्स बियफ़े के घोषणा कइलन कि नरसिंह्मन कंपनी के अगिला मुख्य कार्यकारी अधिकारी अउरी स्टारबक्स के निदेशक मंडल के सदस्य बनिहें।

नरसिंह्मन लंदन से अमेरिका के सिएटल में भेजल गइला के बाद एक अक्तूबर 2022 के भावी सीईओ बनिहें। सीईओ के रूप में ऊ अगिला साल पदभार सम्हरिहें। तब ले वे अंतरिम सीईओ हॉवर्ड शुल्त्स के संगे मिल के काम करिहें।

एकरे पहिले नरसिंह्मन रेकिट (Reckitt), लॉयसोल (Lysol) अउरी बेबी फॉर्मूला निर्माता इनफैमिल (Enfamil) में कार्य कs चुकल बानें। उ बियफ़े को ही ब्रिटेन के रेकिट बेंकिजर ग्रुप के मुख्य कार्यकारी के पद छोड़ले के एलान कइलें रहलें। रेकिट छोड़ला के बाद कंपनी के शेयर मूल्य में चार फीसदी के गिरावट देखे के मिलल।

स्टारबक्स के चेयरमैन मेलोडी हॉब्सन कहलें कि कंपनी के मानल बा कि हमके अपने अगिले सीईओ के रूप में एगो असाधारण व्यक्ति मिलल बानें। नरसिंह्मन कारोबारी दुनिया में कई अहम काम कs के नगदे नाम कमइले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]