[the_ad_group id="30365"]

मशरक में पुरनका पेंशन लागू करे के लेके प्रखण्ड के अलग-अलग कार्यालयन में करिया पट्टी बान्ह के कर्मी लो कइल विरोध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरख (सारण)। धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखण्ड के अलग-अलग कार्यालयन में कार्यरत सरकारी अधिकारियन आ कर्मियन द्वारा सरकार से पुरनका पेंशन लागू करवावे खातिर करिया पट्टी बान्ह के विरोध जतावल गइल। ओहिजा प्रखंड कार्यालय के कर्मी आ सामुदायिक स्वास्थ केंद्र के कर्मी सहित आउर कर्मी लो बियफे के सरकार के विरोध में पर्दशन कइल लो।

प्रखण्ड कार्यालय के बीडीओ मो० आसिफ आ स्वास्थ केंद्र के चिकित्सक डॉक्टर एस के विद्यार्थी मीडिया के जानकारी दिहल लो। ऊ लोग बतावल कि केंद्र सरकार 2004 से सरकारी कर्मचारियन के पुरनका पेंशन बंद कs देले बिया। सेवानिवृत्त होखला के बाद कर्मियन के हित में पुरनका पेंशन लागू करे खातिर बिगुल के फंक दिहल गइल बा।

ओहिजा, बियफे के करिया पट्टी बान्ह के विरोध जतावल गइल। सरकार जदि पुरनका पेंशन योजना के लागू नइखे करत तs चरणबद्ध तरीका से आंदोलन कइल जाई।

डॉक्टर एस के विद्यार्थी कहले कि पुरनका पेंशन योजना हमनी के हक हs आ एकरा के हमनी के लेके रहेम सs। सभे आपन जिनगी सरकार के देवेला आ रिटायर होखला के बाद बुढ़ापा में जिनगी कष्टमय हो जाला। एकरा के लेके पुरनका पेंशन योजना के हमनी के लागू करा के दम लेहेम सs, एही क्रम में आज करिया बिल्ला लगाके सरकार से आपन मांगन के लेवे खातिर अवगत करावल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]