[the_ad_group id="30365"]

पिपरौली मे लागल पुलिस चौपाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिपरौली-गीडा।दीपक त्रिपाठी।गीडा थाना क्षेत्र के पिपरौली ब्लाक अन्तर्गत ग्राम पंचायत कैली के राजस्व गाव गाड़र प्राथमिक विद्यालय पs गीडा थानाध्यक्ष राहुल सिंह के अध्यक्षता में पुलिस चौपाल के आयोजन कइल गइल।
चौपाल में थानाध्यक्ष समाज में पनप रहल एक-एक विन्दु पर क्रम वार चर्चा कइने अउर जनता से रूबरू होत।जबाब-सवाल भी रखने। जेसे परस्पर वार्तालाप कइल गइल।
थानाध्यक्ष राहुल सिंह कहने कि आप लोग केहू के नौकरी के झांसा मेन आईं। अइसन बहुत मिल जइहें कि फला विभाग में हमार जाने वाला बानें, नौकरी लगवा दीहे। उनके झांसा में अइले के पहले ओनके समझीं। नौकरी केहूँ के जेब में नाइ होला। विज्ञापन निकलs ला। सबके जानकारी होला।
बाल अपराध तेजी से फैल रहल बा। दिन-ब-दिन बचवा सब मोबाइल में चिपकल रहल बानें सब। अभिभावक छोट-छोट समस्या के नजरअंदाज कs देने। जेसे मामला बिगड़े लागs ला।
लडका लडकी के उचित ज्ञान से, उनके क्रियाकलापत के परखीं। जेसे बच्चा गलत संगत से बचल रहे।


सरकार ओर से प्रदत्त सुविधा के चर्चा करत सबके आश्वस्त कइनें।आप के केहू दुःख पहुचावता त आई, उनके प्रति कार्रवाई कइल जाई।
चौपाल मे भाजपा नेता प्रशांत सिंह, समाजसेवी प्रभाकर सिंह ग्राम प्रधान इन्द्रेश यादव, पूर्व प्रधान वकील सहानी, रवि प्रताप सिंह, सुबोध सिंह, प्रेमपाल गुप्त, धर्मराज गौड,एस आई अंजनी कुमार तिवारी सहित पुलिस प्रशासन अउर गाव के जनता उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]