[the_ad_group id="30365"]

Muzaffarpur: मुजफ्फरपुर के लोग हो जास सावधान, सियार मचा रहल बा आतंक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के शेरपुर पंचायत के हसनचक बंगरा गांव में सियार हमला में दर्जन से अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा। बुधवार के सांझ के अचानक गीदड़ के झुंड गांव में घुस के लोग पs हमला कऽ देलस। घायल में अधिकांश बच्चा आ महिला बाड़ी। वन विभाग के टीम सियार पकड़े के अभियान चलावत बिया बाकिर अबही तक कवनो सफलता नइखे मिलल।

सदर थाना क्षेत्र के शेरपुर पंचायत के हसनचक बंगरा गांव में गीदड़ लगभग एक दर्जन लोग के काट लेले। एमें से अधिकतर लइका आ मेहरारू बा लो। बुध के सांझ के गांव के कई जगहा अचानक गीदड़ के एगो समूह लोग पs हमला कऽ देलस। चार से पांच गीदड़ के हमला के बाद गांव में दहशत मचल बा। गांव के लोग सतर्क बा। दिनों में लाठी से गाँव के पहरा दे रहल बाड़े।

सियार पकड़ल मुश्किले ना असंभव हो रहल बा

सूचना मिलला के बाद वन विभाग के बचाव टीम गीदड़ के पकड़े खातिर अभियान शुरू कऽ देलस। अबही ले एको गीदड़ ना पकड़ाइल। तीन जगहा पिंजरा लगावल गइल बा। सचिव उदय शंकर प्रसाद सिंह के निर्देश पs रेड क्रॉस के टीम गांव जाके पीड़ित लोग के इलाज कइलस। एसकेएमसीएच में बहुत लोग के इलाज करावल गइल। पंचायत के वार्ड 10 के गणेश राम बुधवार के सांझ के करीब चार बजे चौर में मवेशी चरावत बतवले। कई गो मेहरारू आ लइकियो बकरी चारावत रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]