[the_ad_group id="30365"]

अंतिम संस्कार में जात रहे पूरा परिवार, दर्दनाक हादसा में 5 लोगन के मउत

एक्सीडेंट :फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जिला के कुर्सी-महमूदाबाद सड़क पs स्थित गाँव इनायतपुर सागर पब्लिक स्कूल के पास दू गो कार आ एगो ई रिक्शा के टक्कर हो गइल। एह हादसा में एके परिवार के पांच लोग के मउत हो गईल। घटना के जानकारी देत ​​पुलिस दुर्घटना में मरेवाला सभ लोग बाराबंकी निवासी रहल बतवले बा। घटना में आठ साल के बच्ची समेत तीन लोग गंभीर रूप से घाही हो गईल बाड़े। ई सब लोग सीतापुर जिला के महमूदाबाद में एगो परिचित के अंतिम संस्कार में शामिल होखे खातिर ई-रिक्शा से जात रहले।

कार के टक्कर दु गाड़ी से

पुलिस के कहनाम बा कि बडडूपुर थाना क्षेत्र के कुर्सी-महमूदाबाद सड़क पs इनायतपुर गांव के नजदीक बियफ़ें के देर रात इs दुर्घटना भईल। एह सड़क हादसा में फतेहपुर से लखनऊ की ओर जात एगो तेज रफ्तार कार सबसे पहिले ई-रिक्शा से टक्कर मार दिहलस। एकरा बाद उs आगे से आवत एगो अवुरी गाड़ी से टकरा गईली। टक्कर एतना भयंकर रहे कि सड़क के किनारा पोखरा में एगो कार गिर गईल। उs बतवले कि ई रिक्शा में एकही परिवार के 8 लोग सफर करत रहले, जवन कि कुर्सी थाना के तहत गांव उमरा के निवासी रहले। दुर्घटना में उनुका गंभीर चोट पहुंचल बा। दुर्घटना के बाद लोग के भीड़ जमा हो गईल। सूचना मिलते पुलिस भी मौका पs पहुंच गईल। पुलिस दुगो घाही लोग के घुघटेर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र ले गईल, जहां इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल। 6 घाही लोग के जिला अस्पताल भेजल गईल, बाकीर अस्पताल पहुंचे से पहिले तीन लोग के मउत हो गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]