[the_ad_group id="30365"]

उमेश पाल हत्याकांड में सामिल शूटर उस्मान के पुलिस कइलस ढेर, 50 हजार के रहे इनामी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज: बसपा विधायक राजू पाल हत्याकांड के गवाह उमेश पाल के हत्या में सामिल शातिर शूटर उस्मान के सोमार के पुलिस मुठभेड़ में मार गिरवलस। इहे पहिला गोली उमेश पाल आ सिपाही के मरले रहे। सोमार के सबेरे कौंधियारा में क्राइम ब्रांच से एकर मुठभेड़ हो गइल।

पुलिस के संगे भइल फायरिंग के दौरान उस्मान मारल गइल। बतावल जा रहल बा कि ओकर नाम विजय उर्फ उस्मान रहे। एकरा पs पुलिस 50 हजार के इनाम रखले रहे। पुलिस के कहनाम बा कि घायल शूटर के स्वरूपरानी नेहरू अस्पताल भेजल गइल, जहां ओकर मौत हो गइल।

सिपाहियो भइल जख्मी

पुलिस आ उस्मान के बीच भइल एह मुठभेड़ में कौंधियारा थाना के सिपाही नरेंद्र जख्मी हो गइल। जेकरा के तुरंत सीएससी अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

प्रयागराज में भइल रहे एगो आउर बदमाश के एनकाउंटर

एह हत्याकांड में सामिल एगो आउर अपराधी अरबाज पुलिस प्रयागराज के नेहरू पार्क में मार गिरवले रहे। एह एनकाउंटर में अतीक अहमद के करीबी अरबाज के मार गिरवले रहे। उमेश पाल के हत्याकांड के दौरान अरबाज क्रेटा कार चलावत रहे। नेहरू पार्क में एह बदमाश के एनकाउंटर भइल रहे, ऊ उमेश पाल के घर से करीब दु किमी दूर रहे।

24 फरवरी के भइल रहे उमेश पाल के हत्या

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में बसपा विधायक रहल राजू पाल हत्याकांड के गवाह उमेश पाल आ ओकर दु गनर के हत्या कs दिहल गइल रहे। जवना में बाद योगी सरकार हरकत में आइल आ माफिया के खिलाफ लगातार कार्रवाई हो रहल बा। माफिया अतीक अहमद के करीबी रहल सब लोगन के खिलाफ लगातार कार्रवाई हो रहल बा।

अतीक अहमद पs साजिश के आरोप

एह हत्याकांड में साजिश रचला खातिर माफिया अतीक अहमद के नामो सामने आ रहल बा। पुलिस के शक बा कि अतीक एह हत्याकांड के अंजाम देवे के साजिश रचले रहे। प्रयागराज पुलिस द्वारा अतीक के भाई, पत्नी शाइस्ता परवीन, अतीक अहमद के दु बेटन आ आउर के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल बा। फिलहाल अतीक साबरमती जेल में बंद बा।

कहल गइल रहे नू कि माटी में मिला देम

देवरिया से भाजपा विधायक शलभ मणि त्रिपाठी ट्वीट कs के कहलें-“कहलें रहनी नू कि माटी में मिला देम!! उमेश पाल आ संदीप निषाद पs पहिला गोली चलावे वाला खूंखार हत्यारा उस्मान आज पुलिस मुठभेड़ में ढेर”।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]