Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर शहर के बीचोबीच चलत रहे अवैध अस्पताल, बिना डॉक्टर के होत रहे इलाज, सिटी मजिस्ट्रेट कइलें सील

गोरखपुर जिला में अवैध अस्पतालन के खिलाफ तेजी से कार्रवाई कइल जा रहल बा। एही क्रम में डायमंड हॉस्पिटल आ दुलारी डायग्नोस्टिक सेंटर के सील कइल गइल बा। सिटी मजिस्ट्रेट अंजनी कुमार सिंह के नेतृत्व में ई कार्रवाई कइल गइल बा। 

539

गोरखपुर। गोरखपुर जिला में अवैध रूप से संचालित हो रहल डायमंड हॉस्पिटल आ दुलारी डायग्नोस्टिक सेंटर रुस्तमपुर के सिटी मजिस्ट्रेट सील कs देलें। जिलाधिकारी के निरदेस पs सिटी मजिस्ट्रेट अंजनी कुमार सिंह आ एडिशनल सीएमओ एनके चौधरी जांच खातिर पहुंचल लोग तs ना अस्पताल के पंजीकरण प्रपत्र दिखावल गइल आ ना कवनो आउर दस्तावेज। अस्पताल में भर्ती मरीजन के एंबुलेंस से जिला अस्पताल भिजवावल गइल आ अस्पताल आ डायग्नोस्टिक सेंटर के सील कs दिहल गइल।

एह लोगन के शिकायत पs भइल कार्रवाई

शहर के पवन सिंह 22 फरवरी के मंडलायुक्त आ जिलाधिकारी से मिलके शिकायत कइले रहस कि डायमंड अस्पताल के लापरवाही से उनकर छोटे भाई के जान चल गइल। उनकर आरोप बा कि 14 फरवरी के उनकर छोट भाई गौरव सिंह उर्फ सिंकू सिंह स्कूटी चलाके डायमंड अस्पताल पहुंचल रहस। उहां कवनो डॉक्टर मवजूद ना रहे लो। अस्पताल के कर्मचारी इलाज कइल लोग। तीन घंटा बाद गौरव के स्वजन के सूचना देले बिना उनका के आर्यन अस्पताल में भर्ती करा दिहल गइल। जहां से पवन सिंह के बतावल गइल कि गौरव के निधन दु घंटा पहिलही हो गइल रहे। अधिकारियन से कइल गइल शिकायत में ई आरोप लगावल गइल रहे कि डायमंड अस्पताल में बिना डॉक्टरे के इलाज कइल जाला। जांच में ई बात सही पावल गइल। एह ममिला में विधिक कार्रवाईयो कइल जाई।

शहर के बीचोबीच चलत रहे अवैध अस्पताल

शिकायत के बाद भइल जांच में अवैध पावल गइल अस्पताल शहर के बीचोबीच संचालित होत रहे। स्वास्थ्य विभाग के ओर से अभियान तs चलावल जात बा, बाकिर शहर के बीच में संचालित हो रहल ई अस्पताल आज तक ओकरा नजर में ना आइल।

ना लउकी पंजीकरण तs सील होई अस्पताल

मुख्य चिकित्साधिकारी डॉ. आशुतोष कुमार दुबे के निरदेस पs स्वास्थ्य विभाग के टीम सनीचर के मोगलहा पेट्रोल पंप के बगल के गली में खुलल एमकेसी सेवा संस्थान उर्फ शिया मैटरनिटी सेंटर के निरीक्षण कइलें। कर्मचारी पंजीकरण के प्रमाणपत्र ना दिखल सकी। कवनो पूर्णकालिक डाक्टर ना मिलल। अस्पताल में मवजूद कर्मचारी प्रदीप कुमार के नोटिस जारी कs के तीन दिन में भर्ती रोगियन के डिस्चार्ज करे के निरदेस दिहल गइल। ऊ कहलें कि एकरा बाद अस्पताल के सील कs दिहल जाई।

का कहत बाड़ें अधिकारी

सिटी मजिस्ट्रेट अंजनी कुमार सिंह बतवलें कि जिलाधिकारी के निरदेस पs डायमंड अस्पताल आ दुलारी डायग्नोस्टिक के जांच कइल गइल बा। जांच के दौरान उहां ना तs कवनो डाक्टर मिलल आ कवनो जिम्मेदार व्यक्ति। अस्पताल के पंजीकरण के प्रपत्र तक प्रस्तुत ना कइल जा सकल, जवना के चलते अस्पताल के डायग्नोस्टिक सेंटर सील कs दिहल गइल बा।

473140cookie-checkगोरखपुर शहर के बीचोबीच चलत रहे अवैध अस्पताल, बिना डॉक्टर के होत रहे इलाज, सिटी मजिस्ट्रेट कइलें सील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.