Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नगर निकाय चुनाव: वोटर बनले के आजु से एगो अउर मौका, 1146 बूथ पर होई वोटिंग

561
कौनो वजहों से अभीन ले नगर निकाय के वोटर नाइ बन सकल बानीं त मंगर से एक अउर मौका मिली। एक से चार नवंबर तक घर बइठल ऑनलाइन वोटर बनल जा सकी त उहवें एक से सात नवंबर तक ऑफ लाइन यानी वोटर फार्म भरने के बाद बीएलओ चाहे निर्वाचन कार्यालय में ओके जमा कs के भी वोटर बन सकतनी।
पिछले महीना अक्तूबर में भइल डोर-टू-डोर मतदाता सूची पुनरीक्षण अभियान के दौरान नगरीय निकाय के मतदाता सूची में कुल 66 हजार 490 नाम बढ़ल बा त वहीं 15 हजार 757 वोटर के नाम कटल बा। एमें ज्यादातर मृतक के नाम शामिल बा। कुल मतदाता लोग के संख्या अब 12 लाख 65 हजार 898 हो गइल बा। एहमें नगर निगम के वोटर के संख्या नौ लाख 62 हजार 67 ह। अभियान के दौरान निगम में सर्वाधिक 25 हजार 917 नए वोटर बढ़ल बा, जबकि चार हजार 493 वोटर के नाम काटल गइल।
नगर पंचायत के बात कइल त पीपीगंज में सर्वाधिक आठ हजार 47 वोटर बढ़ल बानें जबकि सबसे कम बड़हलगंज में एक्को मतदाता नाइ बढ़ सकलें। दिसंबर में संभावित नगर निकाय चुनाव के देखत आयोग  वोटर बनले खातिर एक और मौका दिहल गइल बा।

हालांकि सात दिन खातिर मिलल एह मौका में डोर-टू-डोर अभियान नाइ चलल। अपने-अपने बूथ पर बीएलओ से संपर्क कर आवेदनपत्र प्राप्त कइल जा सकsता। सहायक निर्वाचन अधिकारी जगनारायण मौर्य बतवले कि एक से चार नवंबर के बीच वोटर बनले खातिर निर्वाचन आयोग के वेबसाइट sec.up.nic.in पर ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकsता। 18 नवंबर के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन कइल जाई।

1,146 बूथ पर होई वोटिंग

नगर निकाय चुनाव खातिर कुल एक हजार 146 बूथ बनावल गइल बा। एमें नगर निगम में सर्वाधिक 802 बूथ बा। एही तरह सहजनवां में 35, बांसगांव में 20, मुंडेरा बाजार में 30, पीपीगंज में 45, पिपराइच में 37, गोला बाजार में 35, बड़हलगंज में 43, कस्बा संग्रामपुर में 19, चौमुखा में 23, उरुवा बाजार में 25 तथा घघसरा बाजार में 32 बूथ बनावल गइल बा

निकाय पूर्व में वोटर के संख्या जुड़ल कटल कुल वोटर
नगर निगम 9,40,643 25,917 4,493 9,62,067
सहजनवां 27,632 4,856 735 31,753
बांसगांव 14,229 2,739 548 16,420
मुंडेरा बाजार 22,319 3,111 1,029 24,401
पीपीगंज 34,675 8,047 2,204 40,518
पिपराइच 28,292 5,358 2,058 31,592
गोला बाजार 32,110 4,879 2,117 34,872
बड़हलगंज 42,680 0 0 42,680
कस्बा संग्रामपुर 15,993 2,887 319 18,561
चौमुखा 15,492 5,218 1,177 19,533
उरुवा बाजार 20,339 1,493 278 21,554
घघसरा बाजार 20,761 1,985 799 21,947
कुल 12,15,165   66,490 15,757 12,65,898
367010cookie-checkनगर निकाय चुनाव: वोटर बनले के आजु से एगो अउर मौका, 1146 बूथ पर होई वोटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.