[the_ad_group id="30365"]

यूपी में दिसंबर में होई निकाय चुनाव, 18 नवंबर के मतदाता सूची के आखिरी प्रकाशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में 17 नगर निगम, 200 नगर पालिका परिषद अउर 546 नगर पंचायत सहित कुल 763 नगर निकाय में चुनाव दिसंबर के दूसरे से तीसरे सप्ताह के बीच करावल जाए। राज्य निर्वाचन आयोग निकाय चुनाव के तैयारी तेज कs देहल बा।

आयोग के अधिकारी बतवलें कि 18 नवंबर के निकाय चुनाव के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन कइल जाई। उनके बाद नगर विकास विभाग के ओर से सब निकायन में पार्षद चुनाव खातिर वार्ड में आरक्षण निर्धारण कइल जाई। साथ ही नगर पालिका परिषद चेयरमैन, नगर पंचायत अध्यक्ष अउर नगर निगम महापौर खातिर आरक्षण निर्धारित कइल जाई।

नवंबर के तीसरे सप्ताह ले आरक्षण निर्धारित होखले के बाद उसकर सूचना आयोग के दिहल जाई। उसके बाद आयोग निकाय चुनाव के कार्यक्रम तय कs के विभाग के भेजी। विभाग के मंजूरी के बाद आयोग के ओर से निकाय चुनाव के कार्यक्रम के अधिकृत घोषणा कइल जाई।

आयोग के ओर से दिसंबर के दूसरे से तीसरे सप्ताह के बीच चुनाव करावे के तैयारी कइल जा रहल बा।। उल्लेखनीय बा कि नगर विकास विभाग सब निकाय से 4 नवंबर ले आरक्षण के प्रस्ताव मांगल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]