[the_ad_group id="30365"]

झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन के ईडी के समन, तीन नवंबर के पूछताछ खातिर बुलवलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अवैध खनन मामिला में झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन के मुश्किल खत्म होखले के नाव नाइ ले रहल बा। एह मामिला में पूछताछ खातिर प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) सीएम सोरेन के समन जारी कइले बा अउर उन के तीन नवंबर के रांची स्थित इडी के कार्यालय में पूछताछ खातिर उपस्थित होखे के कहले बानें।

सोरेन के करीबी पंकज मिश्रा मनी लॉन्ड्रिंग मामले में मुख्य आरोपी
एसे पहिले प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) झारखंड के मुख्यमंत्री आवास के आवास पर छापेमारी कs के सीएम हेमंत सोरेन के एगो बैंक पासबुक अउर चेकबुक जब्त कइले रहल। उहवें मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के सहयोगी अउर झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) के नेता पंकज मिश्रा के आवास के आवास पर भी छापेमारी कइल गइल रहे। उहवें पंकज मिश्रा मनी लॉन्ड्रिंग मामले में मुख्य आरोपी हवें। मिश्रा के 19 जुलाई के प्रिवेंशन ऑफ मनी लॉन्ड्रिंग एक्ट (पीएमएलए) के प्रावधान के तहत गिरफ्तार कइल गइल रहे। उ फिलहाल न्यायिक हिरासत में बानें

सीएम सोरेन वर्तमान में खुद के खनन पट्टा देहले के लाभ के पद के आरोप के सामना कर रहल बानें। भारत के चुनाव आयोग अगस्त में राज्यपाल रमेश बैस के उनके अयोग्य घोषित करे खातिर एक याचिका पर आपन राय भेजले रहे। हालांकि एह पर अभीन फैसला आइल बाकी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]