[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में स्ट्रीट लाइट के बेवस्था ठीक करी नगर निगम: 80 वार्डन के 4 भागन में बांटके तैनात कइलस जिम्मेदार, सिविल लाइंस में बनी जोन कार्यालय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर नगर निगम शहर में स्ट्रीट लाइट के बेवस्था के ठीक करी। जवना खातिर स्ट्रीट लाइट मरम्मत के शिकायतन पs कम समय में पथ प्रकाश के मरम्मत कइल जाई। शहर के सब 80 वार्डन के 4 भागन में बांट के फर्म के संगे-संगे नगर निगम सुपरवाइजर के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। आइल दिन नगर निगम क्षेत्र के अलग-अलग वार्डन में स्ट्रीट लाइट खराब हो जाला। जवना के मरम्मत होखे में बहुत समय लाग जाला। एह कमी के दूर करे खातिर नगर निगम में 80 वार्डन के 4 भागन में बांटके 20-20 वार्डन पs 1-1 फर्म के स्ट्रीट लाइट के मरम्मत के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। जवना के संगही सब वार्डन में निगम के सुपरवाइजर भी जिम्मेदार होंगे।

वार्डन खातिर एकर जिम्मेदारी तय

संध्या कंस्ट्रक्शन कंपनी के सुपरवाइजर टोनू आ नगर निगम के सुपरवाइजर संतराम त्रिपाठी के वार्ड नंबर 33, 76, 49, 50, 57, 73, 61, 71, 59, 63, 44, 62, 69, 68, 48, 77, 65, 32, 55, 52 आवंटित कइल गइल बा।

मेसर्स स्वतंत्र वीर फर्म के सुपरवाइजर बालवीर आ नगर निगम सुपरवाइजर संतराम त्रिपाठी के वार्ड नंबर 18, 19, 1, 79, 24, 67, 7, 56, 4, 72, 38, 25, 37, 3, 26, 70, 39, 6, 75, 11 आवंटित कइल गइल बा।

मेसर्स सत्य प्रकाश त्रिपाठी फर्म के सुपरवाइजर शशि प्रकाश आ नगर निगम के सुपरवाइजर जयप्रकाश कुशवाहा के वार्ड नंबर 60, 14, 66, 42, 15, 51, 13, 10, 9, 58, 78, 16, 74, 47, 20, 41, 28, 27, 54, 29 आवंटित कइल गइल बा।

मेसर्स श्रीश चंद्र श्रीवास्तव फर्म के सुपरवाइजर संदीप आ नगर निगम के सुपरवाइजर जय प्रकाश कुशवाहा के वार्ड नंबर 22, 80, 64, 2, 21, 53, 43, 23, 12, 40, 5, 17, 31, 46, 45, 35, 36, 8, 30 आ वार्ड नं 34 आवंटित कइल गइल बा।

सिविल लाइंस में बनी NNG जोन 3 के कार्यालय

गोरखपुर नगर निगम के जोन 3 के कार्यालय सिविल लाइंस में बनी। एकरा निर्माण पs 9 करोड़ 90 लाख रुपिया खर्च होई। जोनल कार्यालय में टैक्स जमा कइला के संगही बर्थ- डेथ सर्टिफिकेट आ आउर काम होई। जवना के बाद एह जोन के लोगन के नगर निगम के मुख्य कार्यालय ना जाये के पड़ी। भविष्य में जोन 1 के कार्यालयो एही कार्यालय में आई। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल कहलें कि राज्य स्मार्ट सिटी के बजट से जोनल कार्यालय के निर्माण करावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]