[the_ad_group id="30365"]

मतदाता जागरुकता कार्यक्रम में मतदाता बने खातिर छात्रन के कइल गइल प्रेरित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज: नवहा मतदाता लोगन के नाव जुड़वावे खातिर प्रेरित करे ला जिला प्रशासन के तत्वावधान में महाविद्यालयन में मतदाता जागरुकता के अलग-अलग कार्यक्रमन के आयोजन कइल गइल। छात्र-छात्रा लोगन के मतदाता सूची में आधार लिंक करावे संबंधी जानकारी दिहल गइल। नवहा मतदाता लोगन के मतदान के आवश्यकता, ओह लोगन के भूमिका आ पंजीयन के संबंध में ऑनलाइन आ ऑफलाइन जानकारी दिहल गइल। भारत निर्वाचन आयोग के निर्देश पs जिला निर्वाचक निबंधन पदाधिकारी द्वारा महेंद्र महिला महाविद्यालय में निर्वाचक जागरूकता कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल।

उल्लेख करे जोग बा कि आवे आला 27 अक्टूबर के मतदाता सूची के प्रारूप प्रकाशन होखे के बा। नवहा मतदाता लोगन के मतदाता सूची में जोड़े के अभियान आयोग के निरदेस जारी बा। एही क्रम में सदर अनुमंडल पदाधिकारी डॉ० प्रदीप कुमार महेंद्र महिला महाविद्यालय में भावी मतदाता लोगन के जागरूक कइल गइल। ऊ कहलें कि कवनो राष्ट्र के निर्माण में नौजवान जुवक आ जुवतियन के बहुमूल्य जोगदान होला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]