[the_ad_group id="30365"]

एंटरटेनमेंट: मुनव्वर फारूकी कइले Bigg Boss 17 के ट्रॉफी अपने नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

‘बिग बॉस’ के 17वां सीजन काफी मसालेदार रहे। एह शो में पति-पत्नी के झगड़ा से लेके लोग के निजी जिनिगी तक के बहुत खुलासा भईल बा। एगो ओर शो में विकी जैन अवुरी अंकिता लोखंडे के बीच झगड़ा भईल, जबकि दूसरा ओर आयशा खान मुनव्वर फारूकी पs बहुत आरोप लगवली। मामिला एतने ना रुकल, समर्थ के शो में प्रवेश भी अभिषेक कुमार अवुरी ईशा मालवीय के बीच बड़ विवाद बन गईल। कुछे देर में शो के फाइनल आ गइल आ शो के आपन विजेता भी मिल गइल बा। कड़ा मुकाबला आ बहुते चुनौती के बीच मुनव्वर फारूकी ‘बिग बॉस 17’ के ट्रॉफी जीत लिहले बाड़न।

 उपविजेता बनले

मुनव्वर फारूकी के कड़ा मुकाबला देत अभिषेक कुमार ‘बिग बॉस 17’ के उपविजेता बन गइलन। अभिषेक के ट्रॉफी जीते में महज एक डेग दूर रहले। शो में अइला के बाद से उनुकर अभिनय सराहनीय रहल बा। हर काम में ऊ बढ़िया से भाग लेत रहले आ टॉप टू में आपन जगह बना लिहले, ट्रॉफी के एतना नजदीक अइला के बावजूद अभिषेक शो ना जीत पवले। जहां मुनव्वर फारूकी के विजेता के रूप में 50 लाख रुपिया के संगे गाड़ी मिलल बा, उहें अभिषेक के शो खत्रों के खिलाड़ी के ऑफर दिहल गईल बा। अभिषेक टीवी इंडस्ट्री के एगो जानल मानल नाम हs, कलर्स के शो ‘उडारियां’’ से उनुका पहचान मिलल रहे।एह शो में उनुका के ईशा मालवीया के संगे देखल गईल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]